लखनऊ में बड़ हादसा, गोदाम में अवैध रूप से भरल जा रहल LPG सिलेंडर, तबे हो गइल ब्लास्ट, दु गो लइकन समेत 6 गो घायल

Minee Upadhyay
लखनऊ में बड़ हादसा
- Sponsored Ads-

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में एलपीजी सिलेंडर विस्फोट में 6 लोग गंभीर रूप से घायल हो गईले।  एगो पुलिस अधिकारी शुक के बतवले कि अवैध सिलेंडर रिफिलिंग साइट पs गैस सिलेंडर विस्फोट में दु बच्चा समेत 6 लोग घाही हो गईले। घाही लोग के लखनऊ के ट्रॉमा सेंटर ले जाइल गइल।

एकरा से बड़ दुर्घटना हो सकत रहे
पुलिस के मुताबिक लखनऊ के दुबग्गा इलाका में भईल विस्फोट के जानकारी फायर स्टेशन के मिलल रहे, जहां चार लोग घाही हो गईले अवुरी मोहल्ला के दु बच्चा भी घाही हो गईले। पुलिस उपायुक्त पश्चिम ओमवीर सिंह बतवले कि घटना स्थल से बरामद सिलेंडर के संख्या के देखत एकरा से बड़ घटना के संभावना बा।

- Sponsored Ads-

घटना शुक के सांझ के भईल

डीसीपी वेस्ट ओमवीर सिंह बतवले कि शुक के सांझ के करीब 6:30 बजे दुबग्गा इलाका में विस्फोट होखे के सूचना हमनी (पुलिस स्टेशन अवुरी फायर स्टेशन) के 112 के माध्यम से मिलल।  स्टेशन प्रभारी तुरंत मौका पs पहुंच गईले।  डीसीपी कहले कि आरोपी के खिलाफ मामला दर्ज हो गईल बा।  मामला के आगे के जांच कईल जाता.

डीसीपी बतवले कि मौका पs निरीक्षण के बाद सिलेंडर रिफिलिंग अवैध तरीका से होखता। हमनी के इहाँ 96 सिलेंडर मिलल बा।  कवनो ना कवनो तरह के लीकेज भइल होई काहे कि काम गैर पेशेवर तरीका से होखत रहे. गैस रिसाव के चलते विस्फोट भईल बा।  गनीमत रहल कि कवनो दोसर सिलेंडर ना फटल.  घटना स्थल पs मौजूद सिलेंडर के संख्या के देखत एकरा से भी बड़ घटना के संभावना रहे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाइट बढ़वले में असरदार बा इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल लंबाई

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।