Ujjain Mahakal: बाबा महाकालेश्वर मंदिर के शंख द्वार पs लागल भीषण आग

By Anurag Ranjan

Published on: May 5, 2025

उज्जैन के विश्व प्रसिद्ध बाबा महाकालेश्वर मंदिर के शंख द्वार के ऊपरी हिस्सा में भारी आग लगला से आसपास के इलाका में दहशत मच गईल। करीब एक किलोमीटर दूर से आग के लपट अवुरी धुआं

Share

उज्जैन के विश्व प्रसिद्ध बाबा महाकालेश्वर मंदिर के शंख द्वार के ऊपरी हिस्सा में भारी आग लगला से आसपास के इलाका में दहशत मच गईल। करीब एक किलोमीटर दूर से आग के लपट अवुरी धुआं देखाई देत रहे। घटना के जानकारी मिलते तुरंत तीन फायर इंजन मौका पs पहुंच गईल अवुरी आग पस काबू पावे के प्रयास शुरू हो गईल। बतावल जाता कि सीसीटीवी कंट्रोल रूम के ऊपर राखल बैटरी में आग लाग गईल बा। नीमन बात ई बा कि एह आग में कवनो तरह के जानमाल के नुकसान के खबर नइखे.

मंदिर के शंख के गोला के ऊपर भारी आग लाग गईल


असल में उज्जैन के विश्व प्रसिद्ध बाबा महाकालेश्वर मंदिर में हलचल मच गईल जब अचानक शंख द्वार के ऊपर आग लाग गईल। आग एतना तेज रहे कि एक किलोमीटर दूर से ओकर लपट आ धुआं लउकत रहे। सूचना मिलते तीन फायर इंजन मौका पs पहुंचल अवुरी मौका पs महाकाल मंदिर समिति के शीर्ष अधिकारी मौजूद बाड़े। बतावल जाता कि सीसीटीवी कंट्रोल रूम के ऊपर राखल बैटरी में आग लाग गईल। घटना में कवनो जानमाल के नुकसान के बारे में अभी तक कवनो जानकारी नईखे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.