फ्लाईओवर से नीचे गिरल ऑयल टैंकर, मुंबई-अहमदाबाद एक्सप्रेसवे पs भइल हादसा

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 31, 2025

महाराष्ट्र के पालघर में मुंबई-अहमदाबाद एक्सप्रेसवे पs मट्टी तेल से भरल टैंकर अचानक फ्लाईओवर से गिर गईल अवुरी आग लाग गईल। घटना के बगल में लगावल सीसीटीवी में कैद भईल बा। जवना के वीडियो भी

Share

मुंबई-अहमदाबाद एक्सप्रेसवे पs भइल हादसा

महाराष्ट्र के पालघर में मुंबई-अहमदाबाद एक्सप्रेसवे पs मट्टी तेल से भरल टैंकर अचानक फ्लाईओवर से गिर गईल अवुरी आग लाग गईल। घटना के बगल में लगावल सीसीटीवी में कैद भईल बा। जवना के वीडियो भी सामने आइल बा। वीडियो में देखल जा सकेला कि फ्लाईओवर से तेल टैंकर नीचे सड़क पs गिर जाला। जवना के चलते टैंकर में भरल तेल सड़क पs बहे लागेला अवुरी कुछ समय में ट्रक में आग लाग जाला। गनीमत रहल कि लोग तेल टैंकर गिरत देख के आपन जान बचा के ओहिजा से भाग गइल.

पालघर के मनोर के मसान नाका के लगे भईल इs घटना

अतवार के सांझ के करीब पांच बजे के बतावल जाता। बतावल जाता कि दुर्घटना पालघर के मनोर के व्यस्त मसान नाका चौराहा पs भईल। जवना में चालक के गाड़ी पs नियंत्रण खो गईल अवुरी टैंकर सर्विस रोड पs गिर गईल। एs दुर्घटना में चालक अवुरी वाहक गंभीर रूप से घाही हो गईले। मौका पs मौजूद लोग तुरंत पुलिस के दुर्घटना के बारे में जानकारी देले। जवना के बाद अधिकारी तुरंत मौका पs पहुंचले अवुरी दुर्घटना के जांच शुरू कs देले। दुर्घटना के चलते कुछ समय तक सड़क पs यातायात प्रभावित रहे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.