Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

150 से ज्यादा सोशल मीडिया अकाउंट्स अउर यूट्यूब चैनल पs सरकार लगवलस बैन, सूचना अउर प्रसारण मंत्री दिहलें जानकारी

932

भारत सरकार सोशल मीडिया से जुड़ल 100 से ज्यादा चैनल अउर अकाउंट्स के बैन क देहले बा। ई जानकारी बियफे के सूचना अउर प्रसारण मंत्री अनुराग सिंह ठाकुर दिहलें। केंद्रीय मंत्री के अनुसार एह चैनलन के गलत सूचना फैलावे के आरोप में ब्लॉक कइल गइल बा। एकरे अलावा 5 टीवी चैनल पर अस्थाई रूप से प्रतिबंध लगावल गइल बा। बता देईं कि एहसे पहिले सरकार 2009 से अब ले 30 हजार से अधिक वेबसाइट, सोशल मीडिया पोस्ट अउर अकाउंट के ब्लॉक कइले रहे।

केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर जानकारी देत बतवलें कि ब्लॉक कइल गइल चैनलन में 104 यूट्यूब चैनल अउर 5 टीवी चैनल शामिल बा। सथही 45 वीडियो, 4 फेसबुक अकाउंट, 3 इंस्टाग्राम अकाउंट, 5 ट्विटर अकाउंट अउर 6 वेबसाइट्स के भी ब्लॉक कइल गइल बा। केंद्रीय मंत्री कहनें कि अगर भविष्य में फिर से जरूरत पड़ल त सरकार एह तरह के एक्शन लेहले से पीछे नाइ हटी।

ई कार्रवाई सूचना प्रौद्योगिकी अधिनियम, 2000 के धारा 69 ए के तहत कइल गइल बा। एहमें से कई चैनलन के भारत के नेशनल सिक्योरिटी अउर सार्वजनिक व्यवस्था में भारत के छवि के नुकसान पहुंचावे के आरोप के चलते ब्लॉक कइल गइल बा। बता देईं कि प्रेस इन्फॉर्मेशन ब्यूरो के फेक्ट चेक यूनिट एह चैनलन के फेक न्यूज फैलावे खातिर जिम्मेदार बतवले रहे।

सूचना अउर प्रसारण मंत्री कहनें कि आईटी मंत्रालय 2021 से अक्टूबर 2022 ले 1,643 यूजर जेनरेटेड यूआरएल (URL) के ब्लॉक करे के निर्देश जारी कइले, जेमें वेबसाइट,वेबपेज, पोस्ट अउर सोशल मीडिया अकाउंट्स शामिल बा।

12 साल में बंद भइल 30 हजार से अधिक वेबसाइट अउर यूआरएल
सूचना अउर प्रसारण मंत्री अनुराग सिंह ठाकुर हालही में संसद के एगो लिखित उत्तर में जानकारी देत कहले रहनें कि सरकार साल 2009 से अब ले 30,417 वेबसाइट, यूआरएस, वेबपेज अउर सोशल मीडिया पोस्ट के संगे सोशल मीडिया अकाउंट के भी ब्लॉक कइले बा। ई कार्रवाई सूचना प्रौद्योगिकी अधिनियम, 2000 के धारा 69 ए के तहत कइल गइल रहे।

419170cookie-check150 से ज्यादा सोशल मीडिया अकाउंट्स अउर यूट्यूब चैनल पs सरकार लगवलस बैन, सूचना अउर प्रसारण मंत्री दिहलें जानकारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.