[the_ad_group id="30365"]

BSSC ग्रेजुएट लेवल PT के पेपर लीक: परीक्षा शुरू होइतही आउट भइल पेपर, हंगामा के बीच दूसरा पाली के परीक्षा शुरू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार से पेपर लीक के दाग हटे के तैयार नइखे होत। अब बिहार कर्मचारी चयन आयोग के तृतीय स्नातक स्तरीय प्रारंभिक परीक्षा के पहिला पाली में सुक्क के बिहाने आयोजित हो रहल परीक्षा के पर्चा आउट हो गइल। परीक्षा शुरू होखले के कुछ देर बादे प्रश्नपत्र मीडिया के लग्गे आ गइल, हालांकि एकर पुष्टि पहिले पाली के परीक्षा खतम होखले के बाद हो सकल। परीक्षा कक्ष से निकलल परीक्षार्थियन के लग्गे जौन प्रश्न रहल, उहवें प्रश्न पहिले मार्केट में आ चुकल रहे। अभिन आयोग के ओर से औपचारिक बयान नइखे आइल।

एन्ने, परीक्षा के पेपर आउट होखले के जानकारी जइसही परीक्षा कक्ष से निकलल परीक्षार्थियन के भइल त परीक्षा केंद्र पर परीक्षार्थी लोग हंगामा शुरू कs दिहलें। पहिला पाली के परीक्षा रद्द होखले के आसार बा, हालांकि एकरे खातिर औपचारिक बयान के इंतजार बा। आयोग के दफ्तर में आर्थिक अपराध शाखा समेत पुलिस-प्रशासन के अधिकारियन के मीटिंग चलत रहल। कुछ देर में स्थिति साफ होई।

हंगामा के बीच दूसरा पाली के परीक्षा शुरू

12 बजे ले राज्य के हर सेंटर पर पहिला परीक्षा के पेपर लीक होखले के जानकारी फैल गइल रहे, जेकरे चलते पेपर खत्म होखले के बाद बाहर निकलल परीक्षार्थी लोग केंद्र पs ही हंगामा शुरू कs दिहलस। अगिला पाली के परीक्षा पर असर के आशंका के देखत सुरक्षा अउर जियादा सख्त कs दीहल गइल।

अब सुक्क के दूसर पाली के परीक्षा शुरू हो गइल बा। सनीचर के एक पाली के परीक्षा होखे के बा। बिहार के सब 38 जिला में 528 केंद्र पर 2187 पद खातिर ई परीक्षा लीहल जा रहल बा। एहमें करीब 9 लाख परीक्षार्थी परीक्षा दे रहल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]