Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सीवान में यूरिया के किल्लत से बढ़ल किसानन के परेसानी, 500 रुपिया प्रति बोरा किने के मजबूर

प्रभात खबर के रिपोर्ट के एगो रिपोर्ट के मोताबिक पता चलल बा कि सरकार यूरिया के कीमत 266.50 रुपये प्रतिबोरा निर्धारित कइले बिया। जवना के एवज में किसान 400 रुपिया से लेके 500 रुपिया प्रति बोरा यूरिया के किन रहल बा लो। जानकारन के मानी तs ई इस्थिति विभाग के सांठ गांठ से दुकानदारन द्वारा पैदा कइल जा रहल बा।

425

सीवान: अब जबकि जिला में 85 फीसदी गेहूं के बावग हो चुकल बा आ पटवन के बाद किसानन के यूरिया के जरूरत पड़ रहल बा। अइसन में यूरिया के किल्लत पैदा हो गइल बा। हालात ई बा कि किसानन के 400 से 500 रुपिया प्रति बोरा के दर से यूरिया के किने के पड़ रहल बा। ई इस्थिति तब बा जब विभाग के दावा कि अब तक 11 हजार 500 एमटी यूरिया जिला के प्राप्त हो चुकल बा, जेमे से 6050 एमटी यूरिया किसानन के बीच बिक चुकल बा। रबी सीजन में 30 हजार एमटी यूरिया के जरूरत पड़त बा। एने यूरिया के किल्लत आ कालाबाजारी के एहु बात से समझल जा सकत बा कि सारण कमिश्नरी के संयुक्त कृषि निदेशक द्वारा सब जिला कृषि पदाधिकारी के वाट्सएप पs मैसेज दिहल गइल बा कि अइसन सूचना प्राप्त हो रहल बा कि किसान उंच दर पs यूरिया के किन रहल बा। एकरा खातिर व्यापक स्तर पs जांच अभियान चलावे के बात कहल गइल बा।

266.50 रुपिया निर्धारित बा कीमत

प्रभात खबर के रिपोर्ट के एगो रिपोर्ट के मोताबिक पता चलल बा कि सरकार यूरिया के कीमत 266.50 रुपये प्रतिबोरा निर्धारित कइले बिया। जवना के एवज में किसान 400 रुपिया से लेके 500 रुपिया प्रति बोरा यूरिया के किन रहल बा लो। जानकारन के मानी तs ई इस्थिति विभाग के सांठ गांठ से दुकानदारन द्वारा पैदा कइल जा रहल बा। विभाग से जब एकर शिकायत कइल जाला तs उहे पुरान घीसल पिटल जवाब विभाग के अधिकारी देला लोग कि जदि कवनो किसान शिकायत करत बा तs ओह दुकानदार के विरुद्ध कार्रवाई करत ओकर लाइसेंस रद्द कs दिहल जाई। अब सवाल उठत बा कि जब मिलीभगत से दुकानदारन द्वारा कृत्रित किल्लत पैदा कइल जा रहल बा तs किसानन के शोषण कइसे ना होई। जीरादेई के किसान केदान नाथ बतावत बाड़ें कि किसानन के दुकानदारन द्वारा ई समझावल जात बा कि अभी यूरिया के बहुते कमी बा, कब मिली पता नइखे। रउआ पटवन कs लेले बानी तs कही से कुछ उंच दाम पs यूरिया के किन के जल्दिये खेत में छिट दीं, ना तs बाद में खेत में सेट ना करी। फेर का किसान आपन फसल बचावे खातिर औने पौने दामन पs यूरिया के किन बइठे ला।

नैनो यूरिया पs विभाग दे रहल बा जोर

एने विभाग नैनो यूरिया पs जोर दे रहल बा। जिला कृषि पदाधिकारी जयराम पाल बतवलें कि अभी जिला में 20 हजार बोतल यूरिया के स्टॉक बा। जवन 20 हजार एकड़ खातिर पर्याप्त बा। माने एक आधा लीटर के नैनो यूरिया 27 कट्ठा खातिर पर्याप्त बा। एकरा के लेके 120 लीटर पानी में मिलाके स्प्रेयर से छिड़काव कइल जाला। किसानन से अपील कइल गइल कि ऊ दानेदार यूरिया के जगह नैनो यूरिया के उपयोग गेंहू के खातिर जवन श्रेयस्कर होई आ एसे किल्लतो दूर कोई।

पांच दिसंबर तक यूरिया के उपलब्धता

विभाग से प्राप्त जानकारी के अनुसार पांच दिसंबर तक जिला में यूरिया के उपलब्धता 3650 एमटी के रहे। जबकि डीएपी 1348.47 एमटी, एनपीके 1361.60 एमटी, एमओपी 99.50 एमटी, एसएसपी 659.90 एमटी उपलब्ध बा।

3000 एमटी के आवे वाला बा रेक

कृषि समन्वयक राममनोहर बतवलें कि एक हफ्ता के भीतर जिला के 3000 एमटी यूरिया के खेप आवे वाला बा। अब देखे वाला बात ई बा कि का कृषि विभाग यूरिया के किल्लत के दूर कर पावत बा कि ना।

का कहत बाड़ें पदाधिकारी

सीवान के जिला कृषि पदाधिकारी जयराम पाल कहलें कि जिला में यूरिया के भंडारण पर्याप्त मात्रा में बा। किसानन के बहकावा में आवे के जरूरत नइखे। जदि कवनो दुकानदार निर्धारित दर 266.50 रुपिया से बेसी दर पs प्रतिबोरा यूरिया के बिक्री करत बा तs ओकर शिकायत विभाग से करी, निश्चित तौर पs दुकानदार के विरुद्ध कार्रवाई कइल जाई। अब किसानन के दानेदान यूरिया के जगह नैनो यूरिया के उपयोग करे के चाहीं, ई शुद्ध यूरिया हs।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.