बाहुबली आनंद मोहन के मिलल रिहाई, बेटा के फिल्मी अंदाज में भइल सगाई

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 27, 2023

  आनंद मोहन : बाहुबली नेता आनंद मोहन के जीवन में दू गो खुशी दस्तक देले बा। अपना बड़का बेटा चेतन मोहन के सगाई में पूर्व सांसद रहल आनंद मोहन तीसरी बेर पेरोल जेल से

Share

 

आनंद मोहन : बाहुबली नेता आनंद मोहन के जीवन में दू गो खुशी दस्तक देले बा। अपना बड़का बेटा चेतन मोहन के सगाई में पूर्व सांसद रहल आनंद मोहन तीसरी बेर पेरोल जेल से बाहर आइल रहने। बाकिर अब उनुका पूरा रिहाई मिल गइल बा। आनंद मोहन बहुत दिन से एकर इंतजार करत रहले। उनुकर समर्थक आ परिवार के लोग ए पल खातीर आंख बिछा  के बईठल रहले। आ चेतन आनंद के सगाई फार्म हाउस के पोखरा में नाव पे बइठ के भइल।

आनंद मोहन के बेटी सुरभि आनंद के बियाह कुछ महीना पहिले भईल रहे। एह बियाह में कई गो बड़का नेता अइले। सुरभि आनंद के बियाह शाही अंदाज में भईल। अब आनंद मोहन के बेटा चेतन आनंद के बियाह भी बड़ा धूमधाम से हो रहल बा। चेतन आनंद के बियाह में बिहार के बहुत बड़ नेता शामिल भईले। सोशल मीडिया पे एगो तस्वीर वायरल होखता, जवना में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ उनुकर सहयोगी देखाई देतारे।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.