Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सावधान! कहीं ऑनलाइन मंगावल राउर मोबाइल नकली भा चोरी के तs ना? अइसे करीं चुटकियन में पता

1,114

एह दिनन मोबाइल के लेके बहुत फ्रॉड हो रहल बा। ए घरी लोग ऑनलाइन जादे शॉपिंग करत बा। मोबाइल सहित कइयन इलेक्ट्रानिक प्रोडक्ट्स लोग ऑनलाइन मंगावेला काहेकि ऑनलाइन ओह लोगन के उ सामान तनिका सस्ता मिलेला आ  साथ में कइयन तरे के ऑफर्स मिलेला।

हालांकि ऑनलाइन में कइयन गो फ्रॉडो होला। कइयन लोग ऑनलाइन मोबाइल ऑर्डर कइलस तs ओकरा पैकिंग में साबुन भा फेर खाली बॉक्स मिलल। कइयन बेर कुछ लोगन के कंपनी के फोन के कॉपी मिलल बा तs केहू के पूरा के पूरा फोने नकली मिलल बा। अइसन में मोबाइल किनत घरी बहुत सारा चीजन पs धेयान देवे के चाहीं। जइसे फोन नकली भा चोरी के तs नइखे।

अइसे चेक करीं कहीं राउर फोन नकली तs नइखे 

कइयन बेर लोग फोन किन लेला आ ओकरा पता तक ना चलेला कि ओकर फोन नकली बा। आज हमनी के कुछ अइसन तरीका बतावे जा रहल बानी, जवना से रउआ आसानी से पता कs सकत बानी हैं कि रउआ जवन स्मार्टफोन किनले बानी, उ नकली भा चोरी के तs नइखे? रउआ फोन के असली आ नकली पहचान बहुते आसानी से हो सकत बा। एकरा के सबसे पहिले रउआ एह लिंक https://ceir.gov.in/Device/CeirIMEIVerification.jsp पs जाई। एकरा बाद उहां मोबाइल नंबर, व्ज्च् आ प्डम्प् नंबर डालके अपना फोन के चेक कs लीं।

Tips to check fake smartphone

मैसेज से अइसे लगाई पता

रउआ मैसेज के माध्यम से चेक कs सकत बानी कि राउर फोन नकली तs नइखे। एकरा खातिर रउआ सबसे पहिले मैसेज इनबॉक्स में KYM लिखे के होई, जेमे स्पेस देके रउआ 15 डिजिट वाला IMEI नंबर डालके ओकरा के 14422 नंबर पs सेंड कs सकत बानी। धेयान दीं जदि रउआ फोन के आईएमईआई नंबर भूल गइल बानी बा फेर नओल जानत, तs घबराई मत सीधा *#06# नंबर पs डायल करीं।

अइसहू कs सकत बानी पता

जदि राउर फोन में दु गो नंबर एक्टिव बा तs IMEI नंबरो दु गो  आई। एमे से कवनो नंबर से रउआ फोन से संबंधित जानकारी निकाल सकत बानी। अब रउआ राउर भेजल गइल मैसेज पs रिप्लाई आई। एमे लिखल होई IMEI IS VALID माने कि राउर जांच कइल सफल भइल। एकर माने राउर फोन नकली आ चोरी के नइखे, बलुक असली बा।

ऐपो से कs सकत बानी पता

एकरा अलावे रउआ ऐप के माध्यमो से फोन के असली भा नकली होखे के पता कs सकत बानी। रउआ KYM- Know Your Mobile ऐप के इस्तेमाल कs के फोन नकली बा भा असली ओकर जांच कs सकत बानी। एह ऐप से रउआ अपना फोन के सब डिटेल्स मिल जाई। जदि एह जानकारियन में आईएमईआई नंबर सामिल नइखे भा ब्लॉक लिखके आ रहल बा तs समझ जाई कि राउर फोन नकली बा।

510410cookie-checkसावधान! कहीं ऑनलाइन मंगावल राउर मोबाइल नकली भा चोरी के तs ना? अइसे करीं चुटकियन में पता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.