Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आजमगढ़ में फर्जी मदरसा पर बड़ खुलासा, कागज पर चलत मिलल 219 मदरसा

908

आजमगढ़ में फर्जी मदरसा पर बड़ खुलासा भइल। जिला में विशेष जांच दल (एसआईटी) के 219 मदरसा खाली कागज में चलत मिलल बा। जबकि इनके लगातार सरकारी मदद मिलत रहल बा। एहमें से 39 त अइसन बानें सब जिनके आधुनिकीकरण के नाम पर सरकारी भुगतानो हो चुकल बा। एसआईटी आपन रिपोर्ट शासन के सौंप दिहलस।

जांच रिपोर्ट में अइसन मदरसन के प्रबंधक अउर प्रधानाचार्य लोग के खिलाफ मुकदमा दर्ज करावे के बात कइल गइल बा। तत्कालीन जिला अल्पसंख्यक कल्याण अधिकारी के संगे तत्कालीन रजिस्ट्रारो के दोषी ठहरावल गइल बा।

साल 2009-10 में आजमगढ़ अउर मिर्जापुर में बिना भौतिक सत्यापन के कई मदरसन के मान्यता अउर अनुदान देवे के मामला सोझे आइल रहल। 2017 में एकर शिकायत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से कइल गइल। मुख्यमंत्री एकर जांच एसआईटी से करावे के निर्देश दिहलें। एसआईटी अल्पसंख्यक विभाग के कई अधिकारियन अउर कर्मचारियन के भूमिका संदिग्ध बतावल गइल बा।

415580cookie-checkआजमगढ़ में फर्जी मदरसा पर बड़ खुलासा, कागज पर चलत मिलल 219 मदरसा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.