बहराइच में भेड़ियन के आतंक जारी, रात में 5 साल के लइकी पs हमला

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 3, 2024

  बहराइच : यूपी के बहराइच से एगो चौंकावे वाला मामला सामने आईल बा। इहाँ भेड़िया के आतंक जारी बा। काल्हु रात एगो भेड़िया एगो 5 साल के लइकी पs हमला कइलस जवना में लइकी

Share

बहराइच में भेड़ियन के आतंक: फोटो

 

बहराइच : यूपी के बहराइच से एगो चौंकावे वाला मामला सामने आईल बा। इहाँ भेड़िया के आतंक जारी बा। काल्हु रात एगो भेड़िया एगो 5 साल के लइकी पs हमला कइलस जवना में लइकी घवाही हो गइल बिया. लईकी के इलाज खातीर सीएचसी महासी भेज दिहल गईल बा। ई जानकारी सीएचसी प्रभारी महसी दिहले बाड़न.

बहराइच में चार गो भेड़िया पकड़ाइल

हालही में खबर आइल कि बहराइच में वन विभाग चार गो भेड़िया पकड़ लिहले बा बाकिर अबहीं ले भेड़िया के आतंक कम नइखे होखत. बहराइच में भेड़िया के हमला में सात लोग के मौत हो चुकल बा। 35 से अधिक गांव में भेड़िया के डर से लोग शांति से नींद नईखे ले पावत। लोग के दावा बा कि गांव में करीब दर्जन भर भेड़िया घूमत बाड़े। हालांकि वन विभाग एकर संख्या तीन बतावत बा.

बियफ़ें के बहराइच के कुलैला गांव से वन विभाग एगो भेड़िया पकड़ले रहे। हालांकि एकरा से जनता के समस्या खतम नईखे भईल। ठीक अगिला दिने सीतापुर में 6 लोग पs हमला भईल। लोगकहत बाड़े कि एक रात में एको भेड़िया छह लोग पs हमला ना कs सकेले. निश्चित रूप से अउरी भेड़िया बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.