[the_ad_group id="30365"]

68th BPSC Result: बिहार 68वीं परीक्षा में 322 उम्मीदवार सफल, प्रियांगी मेहता कइली टॉप, देखीं Toppers List

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार लोक सेवा आयोग (BPSC) कावर से जारी अधिसूचना के मोताबिक एह परीक्षा में पटना के प्रियांगी मेहता (रोल नंबर 529411) टॉप कइले बाड़ी। इनकर चयन राजस्व अधिकारी पद खातिर भइल बा। योग्यता सूची में जहानाबाद के अनुभव (रोल नंबर 272450) के दूसरा स्थान प्राप्त भइल बा आ इनकर चयन सब रजिस्ट्रार/ ज्वाइंट सब रजिस्ट्रार खातिर भइल बा।

बिहार लोक सेवा आयोग (BPSC) 68वीं संयुक्त प्रतियोगिता परीक्षा के अंतिम परीक्षाफल घोषित कs देले बा। आयोग कावर से नतीजन के घोषणा सोमार 15 जनवरी 2024 के कइल गइल। एकरा संगही बीपीएससी घोषित कुल 324 रिक्तियन के सापेक्ष 322 उम्मीदवारन के अलग-अलग राज्य संवर्ग/सेवा में नियुक्ति ) खातिर सफल घोषित कइले बा। पदन के अनुसार चयनित उम्मीदवारन के सूची, रोल नंबर आ योग्यता सूची में स्थान (68th BPSC Result Toppers List) जारी कs दिहल गइल बा।

अइसन में जे उम्मीदवार बिहार 68वीं संयुक्त प्रतियोगिता परीक्षा के अंतिम चरण में सम्मिलित भइल रहे, ऊ आपन परिणाम BPSC कावर से सफल घोषित उम्मीदवारन के सूची में देख सकत बा। संगही, आयोग कावर से जारी अधिसूचना के मोताबिक एह परीक्षा में पटना के प्रियांगी मेहता (रोल नंबर 529411) टॉप कइले बाड़ी। इनकर चयन राजस्व अधिकारी पद खातिर भइल बा।

एही तरे, योग्यता सूची में जहानाबाद के अनुभव (रोल नंबर 272450) के दूसरका स्थान प्राप्त भइल बा आ इनकर चयन सब रजिस्ट्रार/ज्वाइंट सब रजिस्ट्रार खातिर भइल बा। दूसरका ओर, योग्यता सूची में तीसरका स्थान प्रेरणा सिंह (रोल नंबर 395137) के मिलल बा आ इनकर सेलेक्शन बिहार पुलिस सर्विस (डिप्टी सुप्रींटेंडेंट ऑफ पुलिस) खातिर भइल बा।

68th BPSC Result Toppers List: ई उम्मीदवार बानवल लोग टॉप 5 में जगह

रैंक रोल नंबर उम्मीदवार पद का नाम
1 529411 प्रियांगी मेहता राजस्व अधिकारी
2 272450 अनुभव सब रजिस्ट्रार / ज्वाइंट सब रजिस्ट्रार
3 395137 प्रेरणा सिंह डिप्टी सुप्रींटेंडेंट ऑफ पुलिस
4 525541 अंजली जोशी सब रजिस्ट्रार / ज्वाइंट सब रजिस्ट्रार
5 212106 सौरव रंजन सब रजिस्ट्रार / ज्वाइंट सब रजिस्ट्रार

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]