सुप्रीम कोर्ट खारिज कइलस बिलकिस बानो के पुनर्विचार याचिका, दोषियन के रिहाई के दिहल गइल रहे चुनौती
सुप्रीम कोर्ट बिलकिस बानो के पुनर्विचार याचिका खारिज कs देले बा। बिलकिस बानो 2002 में उनका संगे गैंगरेप आ ओकरा परिवार के सदस्यन के हत्या के 11 दोषियन के रिहाई के फैसला के चुनौती देले रहली। एह साल 15 अगस्त के गुजरात सरकार अपना 1992 के जेल नियमन के तहत 11 दोषियन के समय से पहिले रिहा कs दिहल गइल रहे।
Comments are closed.