[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur Weather: अगिला दु दिन तक जारी रही ठंड के सितम, सामान्य से 3.8 डिग्री कम भइल अधिकतम तापमान

गोरखपुर में ठंड के सितम जारी बा।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर : न्यूनतम तापमान में लगातार हो रहल गिरावट से ठंडा के सितम जारी बा। बुध के लगभग 12 किलोमीटर के रफ्त्तार से चलल बर्फीली हवा तापमान में 3.6 डिग्री सेल्सियस गिरावट दर्ज करवलस। ओहिजा, अधिकतम तापमान 15.7 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। मौसम विभाग अगिला दु दिन तक कोहरा आ शीतलहर के चलते तापमान में आउर गिरावट के अनुमान जतवले बा। सुक के एक बेर फेर से पश्चिमी विक्षोभ सक्रिय होई। एकरा चलते सनीचर के पूर्वी यूपी में हलुका बरखा के संभावना बा। एकरा बाद मौसम में सुधार होखे के उम्मीद बा।

सोमार के सबसे गरम स्थान रहे गोरखपुर

गौर करे वाला बात बा कि सोमार के गोरखपुर के सामान्य तापमान में छव डिग्री के उछाल दर्ज कइल बा। तब ई बढ़के 25.8 डिग्री सेल्सियस हो गइल रहे। ओह दिन गोरखपुर उत्तर प्रदेश में सबसे गर्म स्थान रहल रहे। बाकिर, ओहि दिन पहाड़न पs भइल बर्फबारी के कारण हिमालय के ओर से बह रहल पछुआ हवा तापमान में गिरावट शुरू हो गइल। एह कारण मंगर के तापमान में नौ डिग्री सेल्सियस के गिरावट दर्ज कइल गइल। एकरा चलते दिन के अधिकतम तापमान 16 डिग्री सेल्सियस तक आ गइल। बुध के पछुआ हवा 10-12 किलोमीटर के रफ्तार से चलत रहल। एसे शीतलहर के असर बनल रहल। मौसम विभाग के विशेषज्ञन के अनुसार पिछला 24 घंटा में प्रदेश के मौसम शुष्क बनल रहल।

जिला अस्पताल में बढ़ल मरीजन के संख्या

ठंड के प्रकोप बढ़ला के संगही लईकन आ बुजुर्गन के अलग-अलग स्वास्थ्य समस्यन के सामना करे के पड़ रहल बा। जिला अस्पताल में बुखार, निमोनिया, जोड़न आ हड्डियन में दर्द, ब्रोंकाइटिस सहित आउर बेमारियन के मरीजन के संख्या में इजाफा भइल बा। बुध के जिला अस्पताल में 1278 मरीज पंजीकरण करावल लो। एमे सबसे जादे मरीज मेडिसिन, हड्डी आ बाल रोग विभाग से जुड़ल रहल लो। डाक्टरन के अनुसार, ठंडा में कइल-गइल लापरवाही स्वास्थ्य के भारी नुकसान पहुंचा सकत बा। एकरा से बचाव खातिर देह के गरम रखला के जरूरत बा। संगही, खान-पान के विशेष ध्यान देला के जरूरतो बा।

Read Also:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]