Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

22 से होई 11वीं के मासिक परीक्षा : सब विद्यार्थियन के सामिल होखल अनिवार्य, दु पालियन में होई एग्जाम

1,174

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के ओर से 11वीं के मासिक परीक्षा 22 से लेके 30 जनवरी के बीच लिहल जाई। परीक्षा के लेके शिक्षा विभाग तइयारी पूरा कs लेले बा।

सीवान जिला शिक्षा पदाधिकारी राजेंद्र सिंह के मोताबिक  11वीं के मासिक परीक्षा में 11वीं कक्षा के सब छात्रन के परीक्षा में सामिल होखल अनिवार्य बा। बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के तरफ से प्राप्त निरदेस के अनुसार जनवरी माह के मासिक परीक्षा में सामिल ना होखे वाला स्टूडेंट के अगिला परीक्षा में सामिल ना होखे दिहल जाई।

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति प्रश्न पत्र आ उत्तर पुस्तिका उपलब्ध कराई। जिला शिक्षा पदाधिकारी बतवलें कि सब प्लस टू कॉलेज के प्रधानाध्यापक के ई निरदेस दिहल जा चुकल बा कि परीक्षा के पहिले शिक्षा कार्यालय से प्रश्न पत्र आ उत्तर पुस्तिका के उठाव कs लेवे लोग। संगही संगे प्रश्न पत्र के गोपनीयता सुनिश्चित करे के निरदेसो दिहल गइल बा  बा।

पहिला पाली में फिजिक्स के एग्जाम

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के ओर से लिहल जा रहल मासिक परीक्षा दु पालियन में आयोजित कइल जाई। 22 जनवरी के पहिला पाली में फिजिक्स तs दूसरका में केमिस्ट्री आ पॉलिटिक्स के परीक्षा लिहल जाई। 23 तारीख के पहिला पाली में साइंस वाला स्टूडेंट के गणित आ आर्ट्स वाला अंग्रेजी के परीक्षा दी लो। दूसरका पाली में हिंदी के परीक्षा होई।

तीसरका दिन 25 तारीख के पहिला पाली में संस्कृत आ फारसी जइसन भाषा के परीक्षा लिहल जाई। जबकि, दूसरका पाली में मनोविज्ञान के एग्जाम होई। 27 तारीख के पहिला पाली में इतिहास तs दूसरका पाली में म्यूजिक के एग्जाम होई। 29 तारीख के पहिला पाली में अर्थ शास्त्र आ एग्रीकल्चर के परीक्षा होई। दूसरका पाली में समाजशास्त्र के परीक्षा होई। 30 तारीख के पहिला पाली में होम साइंस के परीक्षा लिहल जाई।

716190cookie-check22 से होई 11वीं के मासिक परीक्षा : सब विद्यार्थियन के सामिल होखल अनिवार्य, दु पालियन में होई एग्जाम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.