Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

411
Google Ads 300*250 for posts
  1. बिहार: नीतीश बोललें- शराब पीके लोग मरी तs का मुआवजा देम: विधानसभा में मांग उठल तs कहलें- एक पईसा ना देम, मौतन के आंकड़ा 66 भइल। शराबकांड सुप्रीम कोर्ट पहुंचल। पूरा ममिला के जांच SIT से करावे के मांग।
  2. बिहार: बीपीएससी 22 दिसंबर के होखे वाला प्रधान शिक्षक परीक्षा स्थगित कइलस, हाईकोर्ट नियमावली पs उठवले रहे सवाल।
  3. उत्तर प्रदेश: 431 अभ्यर्थियन के नियुक्ति पत्र देके बोललें योगी आदित्यनाथ, 5 बरिस पहिले यूपी लोकसेवा आयोग के नाव से चिढ़त रहे लो युवा।
  4. उत्तर प्रदेश: निकाय चुनाव खातिर सपा तइयार कइलस मास्टर प्लान, सक्रिय सदस्य लोगन पs आजमाई दांव।
  5. झारखंड: 29 दिसंबर के 50 मॉडल स्कूलन के उद्घाटन करिहें मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन।
  6. साइरस मिस्त्री मौत ममिला में नया दावा: पुलिस कहलस- महिला डॉक्टर गलत तरीका से पहिनले रहली सीट बेल्ट, चार्जशीट में सामिल करी। हादसा के बेरा सीट बेल्ट ना पहिनले रहे लोग साइरस मिस्त्री आ जहांगीर।
  7. KGF सॉन्ग कॉपीराइट ममिला: कर्नाटक हाईकोर्ट राहुल गांधी, जयराम रमेश आ सुप्रिया श्रीनेत के खिलाफ FIR पs लगवलस रोक। भारत जोड़ो यात्रा के दौरान चलल रहे KGF-2 के गाना।
  8. सुप्रीम कोर्ट में 17 दिसंबर से होई विंटर वैकेशन: 2 जनवरी के खुली कोर्ट; CJI बोललें- अबकी बेर कवनो वेकेशन बेंच ना होई।
  9. मोदी के सलाह- पुतिन बातचीत से सुलझावस यूक्रेन के मसला: PM रूसी राष्ट्रपति से फोन पs बात कइलें, साथ मिलके काम करे के वादा।
  10. सिडनी में बनल मेंस टी-20 के सबसे छोट स्कोर: बिगबैश लीग में सिडनी थंडर्स 15 रन पs सिमटल, 5 बल्लेबाज खाता ना खोल सकल लोग। भारत देलस 513 रन के टारगेट: 51 पारियन के बाद पुजारा के सेंचुरी, गिल जमवलें करियर के पहिला शतक; बांग्लादेश 42/0।
412510cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.