Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

DEN Vs TUN: 20 साल बाद भइल मुकाबला बाकिर ना हो सकल एको गोल, मैच भइल ड्रॉ

604

FIFA World Cup 2022: डेनमार्क आ ट्यूनिशिया के बीचे मंगर के खेलल गइल फीफा विश्व कप-2022 के मैच गोलरहित ड्रॉ पs खत्म भइल। दुनो टीम ग्रुप-डी के एह मैच में निम्मन खेल देखवलस बाकिर तमाम कोसिसन के बादो गोल ना कs सकल। दुनो टीम एक-दूसरा के बराबर टक्कर देलस। उम्मीद से उलटा ट्यूनिशिया के टीम डेनमार्क पs हावी रहल आ ऊ गोल ना करे दिहल। डेनमार्क के एह मैच में कुल 11 कॉर्नर मिलल बाकिर ऊ एको पs गोल ना कs पाइल। ई एह विश्व कप के पहिला गोलरहित ड्रॉ रहल। दुनो टीम एक-एक बेर गोल कइये देले रहे बाकिर ई ऑफ साइड करार दे दिहल गइल।

पहिला हाफ में ट्यूनिशिया के टीम जादे बेहतर दिखल। ऊ विपक्षी टीम पs हावी रहल रहे। ई टीम आक्रामक आ ऊर्जा के संगे बेहतर खेल देखवलस आ संगही आपन डिफेंसो मजबूत रखलस। ई विश्व कप में एह दुनो टीम के पहिला मुकाबला रहे। 20 साल पहिले ई दुनो टीम एगो दोस्ताना मैच में जापान में एक-दूसरा के खिलाफ खेलल रहे जेमे डेनमार्क 2-1 से जीत हासिल कइले रहे।

अइसन रहल पहिला हाफ

11वां मिनट में ट्यूनिशिया मवका बनवलस। ड्रेगर के एज से दागा गइल शॉट क्रिस्टेनसेन से डिफेल्कट होके बाहर चल गइल आ ट्यूनिशिया के टीम गोल से चूक गइल। 24वां मिनट में डेनमार्क के रासमस क्रिस्टेनसेन के येलो कार्ड दे दिहल गइल। दुनो टीम कोसिस करत रहे बाकिर सफल ना हो पावत रहे। ट्यूनिशिया डेनमार्क के घेरा में जादे प्रवेश कइलस। बाकिर ऊ मवकन के अंजाम तक ना पहुंचा पवलस। 43वां मिनट में इसाम जबाली ट्यूनिशिया खातिर बेहतरीन मवका बनवले बाकिर उनका राह में कैस्पर स्माइकल आ गइलें। ई मौका वन ऑन वन था, जबाली उनका माथा का ऊपर से गेना निकाले के कोसिस कइलें जवना में असफल रहलें।

डेनमार्क के पहिला हाफ में छव गो कॉर्नर आ कइयन गो फ्री किक मिलल बाकिर ऊ एको के गोल में बदल ना पवलस। ऊ पहिला हाफ में सुरुआती मिनटन के बाद दबाव में खेलत दिखाई देलस।

दूसरको हाफ गोलरहित

दूसरका हाफ में दुनो टीम गोल करने को उतावला लउकल। 50वां मिनट में ट्यूनिशिया के लगे मवका आइल। जबाली गेना लाईडाउनी के देलें। जे डेनमार्क के डिफेंस के तुरले। ऊ स्लीमाने के पास देवे के चाहत रहलें बाकिर उनका पास के बीचे में रोक दिहल गइल। 56वां मिनट में डेनमार्क गोल करे के करीब आइल। हालांकि लाइन रेफरी झंडी उठा देले आ ई प्रयास ऑफ साइड करार दे दिहल गइल। 69वां आ 70वां मिनट में डेनमार्क के गोल करे के दु गो मवका मिलल। बाकिर दुनुये बेर ऊ फेल हो गइल। पहिला प्रयास में एरिक्सन के दमदार शॉट के दाहमेन रोक देले। अगिलके मिनट में एरिक्सन एगो आउर प्रयास कइलें आ अबकी बेर कॉर्नर लेत गेना के एंडरसन तक पहुंचवलें। बाकिर उनकर प्रयास पोस्ट से लागके बाहर निकल गइल।

फुल टाइम के बाद मिलल अतिरिक्त समय में डेनमार्क के लगे फेर से एगो आउर मवका मिलल बाकिर अबकियो बेर ट्यूनिशिया के गोलकीपर उनका एह कोसिस के जाया कs देलें। तमाम प्रयासन के बादो गोल ना हो सकल।

388620cookie-checkDEN Vs TUN: 20 साल बाद भइल मुकाबला बाकिर ना हो सकल एको गोल, मैच भइल ड्रॉ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.