Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रेलवे बोर्ड डायरेक्टर के फर्जी आदेश बनवा के 1.95 करोड़ हड़पलस, भइल गिरफ्तार

323
जार्जटाउन में बुलेट एजेंसी संचालक रजत केशरवानी से 1.95 करोड़ के ठगी कइले के आरोपी गिरफ्तार कs के जेल भेज दिहल गइल। आरोप बा कि ऊ डायरेक्टर, रेलवे बोर्ड के फर्जी आदेश देखा के उनसे रुपये अइठलस। ई रेलवे स्क्रैप के ठेका से संबंधित रहल। पुलिस आरोपी के गिरफ्तार कs के जेल भेज दिहले। हाशिमपुर निवासी रजत अल्लापुर डॉट पुल के पास बुलेट एजेंसी चलावेने। ऊ पुलिस के बतवलें कि खुल्दाबाद निवासी अजहर अनीस उस्मानी उनकर जाने वाला रहल। आरोप बा कि रेलवे स्क्रैप के ठेका दियावे के बात कह के ऊ उनसे 1.95 करोड़ रुपया तीन अलग-अलग खाता में जमा करा लिहलें।
एकरे खातिर ऊ डायरेक्टर, रेलवे बोर्ड के जाली दस्तखत अउर मुहर लगा फर्जी आदेश भी दिखवलें। धोखाधड़ी में कुछ अन्य लोग अउर महिला भी शामिल बाड़ी। ठेका न मिलले पर वजह पूछले पर ऊ पहले त आनाकानी करत रहे। फिर रुपये वापस मांगल गइल त कई बेर जान से मारे के धमकी दीहलस। पुलिस मुकदमा दर्ज कर आरोपी के तलाश शुरू कइलें अउर ऊ कुछ ही घंटा बाद गिरफ्तार कर लिहलें। जार्जटाउन थानाध्यक्ष धीरेंद्र सिंह बतवलें कि कोर्ट के अनुमति से आरोपी के जेल भेज दिहल गइल बा। ऊ साथियन के बारे में पता लगावल जा रहल बा।
378210cookie-checkरेलवे बोर्ड डायरेक्टर के फर्जी आदेश बनवा के 1.95 करोड़ हड़पलस, भइल गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.