[the_ad_group id="30365"]

मामूली बात से खिसियाइल आदमी, मेहरी अउरी बेटवा के कार से कचर डरलस, बोललस- कौनो पछतावा नाइ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पुलिस के मुताबिक, बांसगांव के चाड़ी गांव निवासी चौथी गुप्ता दू बेटन के साथ थाईलैंड रहत रहल। चार महीना पहिले बेटन के साथ घर लौटल रहने। चौथी के शादीशुदा छोट बेटी ज्योति भी गांव आइल रहली। ज्योति के बच्चा के तबियत खराब रहल। लिहाजा, पत्नी मंजू अउरी बेटा महावीर ओके देखावे डॉक्टर के पास गइले। डॉक्टर दवा देहलें अउरी दोबारा ओके देखे खातिर गुरुवार के बुलवलें। एह वजह से मंजू अपने बेटा के साथ पिपराइच के बेलवा गांव में रहे वाली बड़ बेटी कंचन के घर चल गइलीं। कंचन के घर से डॉक्टर के क्लीनिक नजदीक बा।
पुलिस के मुताबिक, चौथी के घर बांसगांव क्षेत्र में ह। कार से घर लौटल त पता चलल कि पत्नी अउरी बेटा घरे नाइ बानें। एसे गुस्साइल चौथी बुधवार देर रात के ही कार से बेटी के घर पिपराइच के बेलवा गांव पहुंच गइल। बेटी के घर पर ही हंगामा खड़ा कर देहलस अउरी मारपीट करे लागल। एह पर बेटी कंचन एतराज जतवली अउरी डायल 112 पर सूचना देके पुलिस बुला लेहली।

पुलिस आइल त पारिवारिक विवाद निकल कर सामने आइल। पुलिस पति-पत्नी के थाने बुलवलस। एकरे बाद मंजू, बेटवा महावीर के संगे थाना जाए खातिर घर से बाहर निकलली। थाना जाए के तैयारी में रहबे कइली कि चौथी पीछे से चारपहिया वाहन से पत्नी अउरी बेटवा दूनो के कचर देहलस । एसे बेटा महावीर के मौके पर ही मौत हो गईल। मंजू गंभीर रूप से घायल होके तड़पे लगली।
दिल दहलावे वाली वारदात के सूचना पर एसपी नार्थ मनोज अवस्थी फोर्स के साथ मौके पर पहुंच गइले। मंजू के इलाज खातिर मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गइल। महावीर के भी ले जाइल गइल, लेकिन डॉक्टर लोग ओके मृत घोषित क देहल। घटना के बाद आरोपी भाग निकलल, लेकिन गुरुवार के पुलिस के हत्थे चढ़ गइल। पुलिस बेटी के तहरीर पर आरोपी के खिलाफ केस दर्ज करके ओके जेल भिजवा देहलस।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]