Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली में लागल पीएम मोदी के खिलाफ आपत्तिजनक पोस्टर, 4 लोग गिरफ्तार

दिल्ली में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के खिलाफ पोस्टर वार शुरू हो गईल बा। राजधानी के अलग-अलग जगह पे ए संबंध में पोस्टर लगावल गईल बा। ए मामला में कार्रवाई करत दिल्ली पुलिस अभी तक 100 एफआईआर करवले बिया अउरी चार आरोपी के गिरफ्तार क लेले बिया।

336

दिल्ली में लागल पीएम मोदी के खिलाफ आपत्तिजनक पोस्टर, 4 लोग गिरफ्तार

दिल्ली में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के खिलाफ पोस्टर वार शुरू हो गईल बा। राजधानी के अलग-अलग जगह पे ए संबंध में पोस्टर लगावल गईल बा। ए मामला में कार्रवाई करत दिल्ली पुलिस अभी तक 100 एफआईआर करवले बिया अउरी चार आरोपी के गिरफ्तार क लेले बिया।

 

दिल्ली में अब पोस्टर वार शुरू हो गइल बा| राजधानी के कई इलाका में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के खिलाफ आपत्तिजनक पोस्टर लगावल गईल। दिल्ली पुलिस ए मामला में बड़ कार्रवाई कईले बिया। आपत्तिजनक मामला में पुलिस अभी तक कुल 100 एफआईआर दर्ज करवले बिया अउरी चार आरोपी के गिरफ्तार क लेले बिया। कुल दर्ज एफआईआर में से 44 गो मोदी विरोधी पोस्टर लगावल बा। पुलिस के मुताबिक पोस्टर में छपाई के नाम ना लिखल रहे, एहसे बड़ पैमाना पे कार्रवाई कईल जाता। देवाल से 2000 हजार पोस्टर निकालल गईल, जबकि 2000 हजार पोस्टर जब्त कईल गईल। अभी तक 4 आरोपी के गिरफ्तार कईल गईल बा, जवना में से 2 आरोपी छपाई के मालिक बाड़े। एही पोस्टरन पे लिखल रहे – “मोदी हटाओ देश बचाओ”

 

पीएम मोदी के खिलाफ इ आपत्तिजनक पोस्टर दिल्ली के अलग-अलग इलाका में दीवार अउरी खंभा पे चिपकल मिलल। दिल्ली पुलिस आईपी स्टेट इलाका से एगो वैन पकड़लस, जवना के ड्राइवर बतवले कि ओकर मालिक कहले रहले कि पोस्टर के मुख्यालय पहुंचावे के बा। उ पोस्टर के एक दिन पहिले भी आप मुख्यालय ले गईल रहले। दिल्ली पुलिस 2 प्रिंटिंग प्रेस के मालिक के भी गिरफ्तार कईलस, दुनो लोग पोस्टर पे अपना प्रिंटिंग प्रेस के नाम ना लिखले।

दिल्ली में एफआईआर के संख्या कहाँ अउर केतना

-नार्थ ईस्ट डिस्ट्रिक्ट में 2 FIR

-नार्थ डिस्ट्रिक्ट में 6 FIR

-शाहदरा डिस्ट्रिक्ट में 9 FIR

-नार्थ वेस्ट जिले में 12 FIR दर्ज भइल

– नई दिल्ली, साउथ वेस्ट, रोहिणी, आउटर जिला जइसन इलाका में FIR दर्ज नइखे भइल|

साभार- नागपुर today

488030cookie-checkदिल्ली में लागल पीएम मोदी के खिलाफ आपत्तिजनक पोस्टर, 4 लोग गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.