Bhagalpur MDM: भागलपुर में मिड-डे-मील से सईयन लईका बेमार, छिपकली मिलला के बादो जबरदस्ती खिलावल गइल खाना
Bhagalpur News: ममिला नवगछिया के महदतपुर विद्यालय के ह। दुपहरिया में एमडीएम खइला के बाद लईकन के तबीयत बिगड़ल सुरू भइल रहे। 30 के लमसम लईकन के स्थिति गंभीर बा।
भागलपुर: जिला के नवगछिया प्रखंड के महदतपुर गांव में बियफे के स्कूल में मिड डे मील खइला के बाद 100 से बेसी लईकन के तबीयत बिगड़ गइल। स्कूल में लईका दुपहरिया में खाना खइले रहल स, जवना के बाद स्कूल में तबीयत बिगड़े लागल। सांझ ले नवगछिया अनुमंडल अस्पताल में इलाज खातिर भीड़ लाग गइल बा।
पूरा ममिला नवगछिया के महदतपुर मध्य विद्यालय के ह। घटना के बाद स्कूल में अफरातफरी मच गइल। जानकारी मिलला के बाद परिजन लोग स्कूल पहुंचल। विद्यालय प्रशासन के लापरवाही साफ नजर आ रहल बा काहेकि भोजन में छिपकिली मिलला के बादो लईकन के खाना जबरदस्ती खिया दिहल गइल।
Comments are closed.