[the_ad_group id="30365"]

TMC: टीएमसी नेता फलेरियो राज्यसभा से देलें इस्तीफा; गोवा में ना लड़ल रहस चुनाव, खफा रहे पार्टी नेतृत्व

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीएमसी राज्यसभा सांसद आ गोवा के पूर्व मुख्यमंत्री लुइजिन्हो फलेरियो इस्तीफा दे देलें बाड़ें। राज्यसभा लुइजिन्हो के इस्तीफा के स्वीकार कs लेले बा। सूत्रन के मोताबिक, लमहर समय से गोवा में पार्टी के ममिलन से दूर रहला के कारण फलेरियो से टीएमसी पदाधिकारियन द्वारा इस्तीफा मांगल जात रहे।

ई बा पूरा ममिला

टीएमसी के सूत्रन के मोताबिक, फलेरियो 2022 विधानसभा चुनाव में गोवा फॉरवर्ड पार्टी के नेता विजय सरदेसाई के खिलाफ फतोर्दा से चुनाव लड़े से मना कs देले रहस। एह वजह से पार्टी के शीर्ष नेतृत्व फलेरियो से खफा चलत रहे। साल 2022 विधानसभा चुनावन के धेयान में रखत टीएमसी राज्यसभा सांसद अर्पिता घोष से इस्तीफा मांगके फलेरियो के 2021 में राज्यसभा भेज देले रहे। अर्पिता घोष के कार्यकाल 2026 तक रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]