Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गाड़ी में पड़ जाव गलत फ्यूल तs तुरंत करीं ई काम, ना तs सीज हो सकत बा राउर कार

जदि रउआ गाड़ी में गलती से गलत फ्यूल पड़ जात बा तs रउआ परेसान होखला के जरूरत नइखे। एह खबर में रउआ सभे के कुछ जानकारी दिहल जा रहल बा जवना के फॉलो कs के रउआ आपन गाड़ी के सीज होखे से बचा सकत बानी। 

2,111

जदि गलती से रउआ गाड़ी में गलत तेल पड़ जाव तs रउआ का करेम? नइखे पता नू.. कइयन बेर अइसन होला कि जब रउआ पंप पs तेल भरवावे जानी तs गाड़ी के देखके तेल भरे वाला समझ ना पावेला कि गाड़ी में पेट्रोल डाले के बा कि डीजल। ओहिजा जदि राउर गाड़ी कवनो अनजान व्यक्ति चलावत बा तs ओकरो कन्फ्यूजन रहेला। अइसन में कइयन बेर गाड़ी में गलत तेल पड़ जाला। अइसन स्थिति में रउआ का करे के चाहीं ओकरा खातिर नीचे कुछ सुझाव दिहल जा रहल बा, जवना के पालन कs के रउआ सही समय पर अपना गाड़ी के सीज होखे से बचा सकत बानी।

जदि फ्यूल पंप पs पेट्रोल गाड़ी में गलती से डीजल पड़ जाव तs सबसे पहिले रउआ अपना गाड़ी के बंद करे के पड़ी। जवना से, गलत तेल इंजन तक ना पहुंच जाव। ओकरा बाद तुरंत अपना गाड़ी के कवनो लोकल मकैनिक तक ‘टो’ कs के ले जाई। धेयान रहे गाड़ी में गलत तेल पड़ला के बाद ओकरा के स्टार्ट करे के तनिको कोसिस मत करीं ना तs राउर गाड़ी सीज हो सकत बा। जदि अइसन हो गइल तs रउआ लमहर खरचा से गुजरे के पड़ी। एहिसे, सलाह दिहल जात बा कि गलत तेल पड़ला के बाद तुरंत गाड़ी के इंजन के बंद कs देवे के चाहीं।

लोकल मैकेनिक के लगे गइला के बाद गाड़ी में जेतना फ्यूल डालल गइल बा ऊ पूरा बाहर निकल जाये, ओकरा बाद अगर पेट्रोल गाड़ी बा तs ओमे तनिका पेट्रोल डालके टैंक के पूरा तरीका से साफ कs दीं। ओकरा बाद अपना अपनी गाड़ी में फेर से पेट्रोल डलवा के आपन आगे के सफर तय कs सकत बानी।

453330cookie-checkगाड़ी में पड़ जाव गलत फ्यूल तs तुरंत करीं ई काम, ना तs सीज हो सकत बा राउर कार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.