Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कांतारा के सोझे पहिलही दिन फेल भइल फोन भूत, अइसन रहल राम सेतु, मिली अउर डबल एक्सएल के हाल

761
Google Ads 300*250 for posts
सुक्क के दिन बॉक्स ऑफिस खातिर बहुते खास होला। एह दिन सिनेमाघर में कई नयका फिल्म दस्तक देले। हालांकि, एह बेर के सुक्क फीक रहल। कटरीना कैफ के ‘फोन भूत’, जान्हवी कपूर के ‘मिली’ अउर सोनाक्षी सिन्हा के ‘डबल एक्सएल’ रिलीज होखले के बावजूद दर्शक सिनेमाघर के तरफ आकर्षित नाइ भइलें। तीन नया अउर अलग-अलग जॉनर के फिल्म के अइले के बावजूद बॉक्स ऑफिस पर ‘कांतारा’ के राज कायम रहल।
मिली

 

मिली

जान्हवी कपूर के फिल्म ‘मिली’ के क्रिटिक्स द्वारा काफी निम्मन रिव्यूज दिहल गइल रहे, जेके देख के ई मानल जात रहे कि फिल्म पहिले दिन काफी अच्छा प्रदर्शन करी। हालांकि, अइसन नाइ भइल। शुरुआती आंकड़न के मानल जाव त फिल्म अपने ओपनिंग डे पर मात्र एक करोड़ रुपया के ही कमाई कइलस। बता देईं कि एह फिल्म में जाह्नवी कपूर के अलावा सनी कौशल, मनोज पहवा, हसलीन कौर अउर संजय सूरी जइसन स्टार्स बानें। ई मलयालम फिल्म ‘हेलेन’ के हिंदी रीमेक ह, जौन 2019 में रिलीज भइल रहे।
डबल एक्सएल

 

डबल एक्सएल

बॉक्स ऑफिस पर सोनाक्षी सिन्हा अउर हुमा कुरैशी के जोड़ी के जादू भी नाइ चल पवलस। 15-20 करोड़ रुपया के बजट में बनल ई फिल्म पहले दिन एक करोड़ रुपया ले नाइ कमा पवलस। शुरुआती आंकड़न के मानल जाव त फिल्म पहले दिन तकरीबन 65 लाख रुपया के कलेक्शन कइले बानें  यानी फिल्म ओपनिंग डे पर अपने लागत के दस फीसदी तक नाइ कमा पवलस।
फोन भूत रिव्यू

 

फोन भूत

सुक्क के रिलीज भइल फिल्मन में से सबसे ज्यादा कमाई ‘फोन भूत’ के भइल। सोशल मीडिया पर आइल रिएक्शंस के मानल जाव त दर्शकन के फिल्म में कटरीना कैफ, सिद्धांत चतुर्वेदी अउर ईशान खट्टर के जोड़ी काफी पसंद आ रहल बा। इहे कारण ह कि 30 करोड़ रुपया के बजट में बनल ई फिल्म अपने ओपनिंग डे पर तकरीबन दो करोड़ रुपया के कमाई क डरलस।
कांतारा

 

कांतारा

ऋषभ शेट्टी के फिल्म कांतारा अब भी बॉक्स ऑफिस पर राज क रहल बा। बॉलीवुड के तीन नयका फिल्म भी कांतारा के पछाड़ नाइ पवलस अउर आलम ई भइल कि सुक्क के ई फिल्म सबसे ज्यादा कमाई कs डरलस। सामने आ रहल आंकड़न के मानल जाव त फिल्म 36वें दिन 3.55 करोड़ रुपया के कमाई कइलस।
370120cookie-checkकांतारा के सोझे पहिलही दिन फेल भइल फोन भूत, अइसन रहल राम सेतु, मिली अउर डबल एक्सएल के हाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.