अहमदाबाद में ‘पठान’ के प्रमोशन के दौरान हंगामा, बजरंग दल के कार्यकर्ता लोग फाड़ल पोस्टर

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 5, 2023

गुजरात के अहमदाबाद में बुध के शाहरुख खान के फिल्म पठान के प्रमोशन के दौरान हंगामा हो गइल। बजरंग दल के कुछ कार्यकर्ता लोग एगो मॉल में घुस अइलें अउर इहां थिएयर में तोड़फोड़ कइलें।

Share

गुजरात के अहमदाबाद में बुध के शाहरुख खान के फिल्म पठान के प्रमोशन के दौरान हंगामा हो गइल। बजरंग दल के कुछ कार्यकर्ता लोग एगो मॉल में घुस अइलें अउर इहां थिएयर में तोड़फोड़ कइलें। एह दौरान कार्यकर्ता लोग फिल्म पठान के पोस्टर भी फाड़ देहलें। ऊ फिल्म के रिलीज नाइ करे देवे के धमकी भी दिहलें।

जानकारी के अनुसार, अहमदाबाद के अल्फावन मॉल में स्थित मल्टीप्लेक्स में ‘पठान’ फिल्म के पोस्टर लगावल गइल रहे। पुलिस अधिकारी कहनें कि सूचना मिलले के बाद मौका पर पहुंचल पुलिस मॉल में विरोध प्रदर्शन कs रहल विश्व हिंदू परिषद अउर बजरंग दल के पांच कार्यकर्ता के हिरासत में लिहलस। बाद में उनके छोड़ दिहल गइल।

उहवें, विहिप एगो वीडियो साझा कइलस, जेमें बजरंग दल के कार्यकर्ता लोग के मॉल में नारेबाजी करत अउर पोस्टर फाड़त देखल जा सकsता। बता देईं, ‘पठान’ के गाना पर विवाद के बाद वीएचपी धमकी दिहले रहे कि ऊ गुजरात में कहीं भी फिल्म के स्क्रीनिंग नाइ होखे दीहें।

गुजरात में ‘पठान’ के स्क्रीनिंग नाइ होखे देहल जाई

विहिप प्रवक्ता हितेंद्र सिंह राजपूत कहनें कि हम कौनहो कीमत पs गुजरात में ‘पठान’ के स्क्रीनिंग नाइ होखे दीहें। अहमदाबाद में फिल्म के रिलीज के खिलाफ प्रदर्शन के राज्य भर के सब थिएटर मालिक के एगो चेतावनी के रूप में लेवे के चाहीं। उनके अपने थिएटर चाहे मल्टीप्लेक्स में फिल्म के रिलीज करे से दूर रहे के चाही।

‘बेशर्म रंग’ गाना के ले के विवाद

शाहरुख खान अउर दीपिका पादुकोण अभिनीत फिल्म पठान 25 जनवरी के सिनेमाघर में रिलीज होई। 12 दिसंबर के फिल्म के पहिला गाना ‘बेशर्म रंग’ जारी कइल गइल रहे, जेमें दीपिका पादुकोण के ‘बिकिनी’ के रंग के ले के विवाद खड़ा हो गइल। कई संगठन एकर विरोध कइले बा। एके भगवा रंग के अपमान बतावल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.