[the_ad_group id="30365"]

Silence 2: एसीपी अविनाश वर्मा बन फेर धमाल मचइहें मनोज बाजपयी, ‘साइलेंस 2: द नाइट आउल बार शूटआउट’ के भइल एलान

साइलेंस 2 - फोटो : सोशल मीडिया
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड अभिनेता मनोज बाजपेयी एह घरी अपना आवे वाला फिलिम ‘भैया जी’ के लेके चरचा में बाड़ें। एही बीच अब अभिनेता के एगो आउर नया फिलिम के घोषणा हो चुकल बा। ई उनकर एगो हिट फिलिम के सीक्वल हs। स्ट्रीमिंग प्लेटफार्म जी5 आज सनीचर, 23 मार्च के मनोज बाजपेयी के थ्रिलर फिल्म ‘साइलेंस… कैन यू हियर इट?’ के सीक्वल में घोषणा कइले बिया।

मनोज बाजपेयी - फोटो : सोशल मीडिया
मनोज बाजपेयी – फोटो : सोशल मीडिया

मनोज अब अपना एह फिलिम के सीक्वल से फैंस के बीच धमाल मचावे खातिर पूरा तरे तइयार बाड़ें। सीक्वल फिलिम के नाम ‘साइलेंस 2: द नाइट आउल बार शूटआउट’ हs। फिलिम के निर्देशन अबन भरूचा देवहंस कइले बाड़ें, जे 2021 में आइल फिलिम के पहिला भाग ‘साइलेंस… कैन यू हियर इट?’ के निर्देशन कइल रहस।

मनोज बाजपेयी - फोटो : social media
मनोज बाजपेयी – फोटो : social media

फिलिम में मनोज बाजपेयी ‘एसीपी अविनाश वर्मा’ के भूमिका के दोहरइहें। ओहिजा, उनका संगे अभिनेत्री प्राची देसाई इंस्पेक्टर संजना के रूप में वापस आ रहल बाड़ी। निर्माता लोगन के कहनाम बा कि ‘साइलेंस 2 :  द नाइट आउल बार शूटआउट’ में एगो दिलचस्प कहानी होई, जवन गहिराह रहस्यन आ थ्रिलर से भरपूर होई। कहल गइल बा कि फिलिम के प्रीमियर जल्दिये जी5 पs होई।

साइलेंस, कैन यू हियर इट - फोटो : सोशल मीडिया
साइलेंस, कैन यू हियर इट – फोटो : सोशल मीडिया

फिलिम बारे में बात करत मनोज बाजपेयी कहलें कि एसीपी अविनाश वर्मा वापस आ गइल बाड़ें। ऊ शांति आ बेवस्था बहाल करे खातिर इहां बाड़ें। हम दर्शकन के ई देखावे खातिर उत्साहित बानी कि अबकी बेर कहानी कइसे सुलझी। हमरा उम्मीद बा की हमनी के अपना दर्शकन के उम्मीदन पs खरा उतरल जाई आ ऊ लोग के एक बेर फेर भावुक अनुभव प्रदान कइल जाई।

भैया जी - फोटो : सोशल मीडिया
भैया जी – फोटो : सोशल मीडिया

‘साइलेंस 2: द नाइट आउल बार शूटआउट’ में मनोज बाजपेयी आ प्राची देसाई के संगे साहिल वैद आ वकार शेख मुख्य भूमिका में बा लो। फिलिम जी स्टूडियोज आ कैंडिड क्रिएशन्स कावर से निर्मित बा। फिलहाल फिलिम के रिलीज डेट के घोषणा नइखे कइल गइल। ओहिजा, बात करीं मनोज बाजपेयी के आवे वाला फिलिम के बारे में तs ऊ अगिला बेर भैया जी’ में नजर अइहें, जवन 24 मई, 2024 के रिलीज होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]