ट्विटर के अधिग्रहण पूरा कइले के बाद से एलन मस्क एक्शन में बानें। मस्क लगातार एह माइक्रो ब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म से जुड़ल नियम में बदलाव कs रहल बानें। ताजा खबर ई बा कि एलन मस्क ट्विटर पर कॉमेडी के अपराध माने वाला नियम भी हटा दिहलें बानें। अइसन छोट-मोट घटना के कारण जौन लोग के अकाउंट बंद कइल गइल रहे, उनके बहाल कर दिहल जाई। हालांकि अइसन कब होई, ई साफ नइखे।

बता देईं, एलन मस्क सुक्क के ट्विटर के अधिग्रहण कइलें। औपचारिकता पूरा कs लिहले बानें। ट्विटर पर आपन पूरा नियंत्रण हासिल कइले के बाद ऊ टॉप मैनेजमेंट के छुट्टी कर देहले रहनें, जेमें सीईओ पराग अग्रवाल भी शामिल रहनें।