Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जम्मू-कश्मीर के किश्तवाड़ जिला में लागल भीषण आग, 20 घर जर के भइल खाक

322
जम्मू-कश्मीर के किश्तवाड़ जिला से एक बड़ घटना सामने आइल बा। इहां गांधारी पद्देर में आग लगले से 20 घर जल गइल। एहमें केहू के घाही होखले के खबर नाइ बा।
जानकारी के अनुसार, इलाला के चुग गांधारी गांव में 15 से 20 घर में अध रात के आग लग गइल। अभीन भी कुछ घर जल रहल बा, लेकिन केहू के हताहत होखले के खबर नाइ बा। उहवें फायर ब्रिगेड के कौनो गाड़ी मौका पर नाइ पहुंच सकी।
ओंने, सुक्क के सुबह घटना के बारे में जम्मू-कश्मीर के अधिकारियन के ओर से जानकारी दिहल गइल। अभीन ई पता नाइ चल पवलें बा कि आग कौन परिस्थितियों में लागल रहे।
363660cookie-checkजम्मू-कश्मीर के किश्तवाड़ जिला में लागल भीषण आग, 20 घर जर के भइल खाक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.