हरिहर चना के सब्जी
छठ के व्रत महिला संतान के सलामती के साथ ही संतान प्राप्ति खातिर रखेली। एह व्रत में हरिहर चना के सब्जी बनावे के परंपरा बा। बिल्कुल फलाहारी तरीका से बने वाली सब्जी के देसी घी में तैयार कइल जाला। हरिहर चना के रातभर भिगोकर सुबह पका लिहल जाला। फेर जीरा अउर हरिहर मिर्च के साथ तड़का लगावल जाला। जेसे भगवान के भोग लगावेने।
कद्दू के सब्जी
हर व्रती महिला के थरिया में कद्दू के सब्जी जरूर रहsला। जेके सेंधा नमक डाल के तैयार कइल जाला।
पूड़ी
कद्दू के सब्जी अउर हरिहर चना के सब्जी के साथ व्रती महिला लोग के थरिया में पूड़ी होखल जरूरी होला।
ठेकुआ
प्रसाद में मुख्य रूप से ठेकुआ चढ़sला। जेके गेंहू के आटा अउर गुड़ मिला के तैयार कइल जाला। ठेकुआ के खजुरिया या ठिकारी भी कुछ लोग कहेलें। एके स्वादिष्ट बनावे खातिर नारियल के बुरादा अउर सूखल मेवा के इस्तेमाल कइल जाला। छठ पूजा के दूसरे दिन खासतौर पर एह प्रसाद के तैयार कइल जाsला।
रसिया
छठ पूजा के दूसरे दिन रसिया के प्रसाद बनsला। जेके दूध अउर गुड़ के साथ तैयार कइल जाला। ई एक तरह के खीर होला जौन चावल अउर दूध के साथ तैयार कइल जाsला। लेकिन एहमे मिठास खातिर चीनी के जगह पर गुड़ के इस्तेमाल कइल जाsला।
Comments are closed.