पकड़ल गइल आरोपियन के पहचान पश्चिम बंगाल के परगना निवासी अविजीत हल्धर अउर देवरिया के कोतवाली इलाका के विवेकानंद कॉलोनी निवासी अंश बरनवाल के रूप में भइल बा। एसपी सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई अउर एसपी क्राइम इंदु प्रभा सिंह संयुक्त प्रेस कांफ्रेंस क के पकड़ल गइल आरोपियन के बारे में जानकारी दिहलें।
एसपी सिटी बतवलें कि 12 अक्तूबर 2022 के आदित्य नामक व्यक्ति रामगढ़ताल थाना में तहरीर देकर बतवलें कि उनकर ट्विटर आईडी अउर गेम अकाउंट हैक कर रुपया के मांग कइल जा रहल बा। न देहले पर पर्सनल फोटो वायरल करे के धमकी दीहल जात रहल। तहरीर पर पुलिस केस दर्ज कइलस। मामले में साइबर सेल अउर रामगढ़ताल पुलिस रूप से लागल रहे। जांच में सामने आइल कि अंश बरनवाल उनके धमकी देहले बानें। एके पकड़ले के बाद दूसरे साथी के नाम सोझे आइल अउर उनके दबोच लिहल गइल।
अइसे काम करत रहे गिरोह
फिशिंग लिंक के अलग-अलग सोशल साइट (ट्वीटर, फेसबुक, इंट्राग्राम, गेम पोर्टल) पर भेज के लोग को फंसावल जात रहल। ओह फिशिंग लिंक पर जे केहू भी क्लिक कs के आपन सोशल मीडिया अकाउंट के आईडी अउर पासवर्ड डालत रहे, ऊ जालसाजन के मिल जात रहे। पासवर्ड अउर आईडी मिलतही अविजीत ओ आईडी के यूजर आईडी, पासवर्ड, लिंक मोबाइल नंबर अउर ईमेल आईडी बदल देत रहे। उनकर पहचान बदलके आपन ईमेल आईडी लिंक क देत रहे। सब जानकारी बदलले के बाद असली यूजर के बदनाम करे धमकी दीहल जात रहे। रुपया ले के यूजर के उनकर आईडी वापस कइल जात रहे।
Comments are closed.