दिल्ली में भाजपा नेता के पेट्रोल पंप पs 20 राउंड फायरिंग, एगो कर्मी के लागल गोली

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 16, 2024

  दिल्ली के गोकलपुरी थाना क्षेत्र में फायरिंग के मामला सामने आ गईल बा। इहाँ कुछ नकाबपोश बदमाश मुकुल डीजल नाम के पेट्रोल पंप पs गोलीबारी कईले। बाइक सवार कुछ लोग घटना के अंजाम देले

Share

दिल्ली में भाजपा नेता के पेट्रोल पंप पs 20 राउंड फायरिंग

 

दिल्ली के गोकलपुरी थाना क्षेत्र में फायरिंग के मामला सामने आ गईल बा। इहाँ कुछ नकाबपोश बदमाश मुकुल डीजल नाम के पेट्रोल पंप पs गोलीबारी कईले। बाइक सवार कुछ लोग घटना के अंजाम देले बाड़े। बतावल जाता कि इs पेट्रोल पंप भाजपा नेता हरीश चौधरी के हs.भाई गौरव के मुताबिक एगो कर्मचारी के गोली लाग गईल बा। मौका पs करीब 20 राउंड फायरिंग हो चुकल बा। अबे ले इs साफ नईखे कि हमलावर कवना गिरोह के रहले।

शुरुआती जांच में पाता चलल कि दु बाइक पs सवार चार लोग पेट्रोल पंप पs आईल रहले अवुरी पीछे बईठल एक आदमी बहरी से ऑफिस केबिन पs 16 राउंड गोली चला देलस। एकरा बाद एक बाइक गोकुलपुरी के ओर आ दूसरा लोनी गोल चक्कर के ओर भाग गइल। फिलहाल पुलिस टीम मौका पs पहुंच के मौका के निरीक्षण कईलस। पुलिस टीम पेट्रोल पंप के सीसीटीवी डीवीआर लेके मामला के छानबीन में जुटल बिया। पुलिस के मुताबिक हमलावर के निशाना पेट्रोल पंप मालिक हरीश चौधरी रहे। हरीश चौधरी के खिलाफ भी बहुत मामला दर्ज बा।

गुरुवार के रात में एगो अवुरी मामला में भी फायरिंग भईल। रात के करीब आठ बजे बाहरी दिल्ली के सुल्तानपुरी इलाका में गोलीबारी भईल। पुलिस अधिकारी बतवले कि 45 साल के स्थानीय निवासी बिजिंदर के पीसीआर कॉल पs पुलिस टीम कार्रवाई कईलस। अधिकारी बतवले कि पुलिस मौका से दु कारतूस बरामद कईले बिया अवुरी लागता कि एगो गोली निशाना से चूक गईल रहे। पुलिस के कहनाम बा कि शिकायतकर्ता के आरोप बा कि सी ब्लॉक के स्थानीय लईकन के एगो समूह उहाँ आईल अवुरी ओमे से एगो गोली चलावे लागल। गोलीबारी के पीछे के कारण दु समूह के बीच विवाद मानल जाता। पुलिस मामला दर्ज कs के छानबीन में जुटल बिया।

 

 

 

Tags:

, ,

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.