महाराष्ट्र में डीसीपी के इकलौता बेटा कइलस खुदकुशी, आईना पs लिखलस सुसाइड नोट

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2024

  महाराष्ट्र में पुलिस उपायुक्त (मुख्यालय) के 17 साल के एकलौता बेटा साहिल आत्महत्या कs लेले बाड़े। एs घटना के जानकारी मिलला पs आसपास में दहशत के माहौल देखाई देता। साहिल एगो सुसाइड नोट भी

Share

 

महाराष्ट्र में पुलिस उपायुक्त (मुख्यालय) के 17 साल के एकलौता बेटा साहिल आत्महत्या कs लेले बाड़े। एs घटना के जानकारी मिलला पs आसपास में दहशत के माहौल देखाई देता। साहिल एगो सुसाइड नोट भी छोड़ले बाड़े। जानकारी के मुताबिक साहिल अतवार के सबेरे छत के पंखा से फांसी लगा के आत्महत्या कs लेले। उs एचएससी (12वीं) के पढ़ाई करत रहले अवुरी आईआईटी एंट्री के तैयारी भी करत रहले।

शुक के परिवार के लोग अवुरी दोस्त के संगे दशहरा मनावला के बाद साहिल स्नेहनगर इलाका के ‘जिज्ञासा’ बंगला में अपना माता-पिता के संगे रात के खाना खईले अवुरी कुछ मस्ती भी कईले। फेर आधा रात के बाद माई-बाबूजी से कहलन कि पढ़े खातिर अपना बेडरूम में जात बानी आ चल गइलन. अतवार के सबेरे करीब 6 बजे जब डीसीपी नांदेड़कर अपना मॉर्निंग वॉक खातीर उठले तs उs रोज निहन बेटा के जगावे गईले।

डीसीपी देखले कि दरवाजा भीतर से ताला लागल बा। कई बेर खटखटा के बच्चा के फोन कईला के बाद भी जब कवनो प्रतिक्रिया ना मिलल तs डीसीपी बंगला के बहरी जाके खिड़की से झांक के देखलस तs बेटा लटकल देखाई देलस। उs तुरंत पुलिस अवुरी परिवार के लोग के सूचना देले। बाद में दरवाजा तूड़ के शुक के नीचे उतार के सरकारी मेडिकल कॉलेज एंड अस्पताल ले जाइल गइल जहाँ ओकरा के मृत घोषित कs दिहल गइल. पोस्टमार्टम के बाद शव के परिवार के सौंप दिहल गईल अवुरी अंतिम संस्कार प्रतापनगर दाह संस्कार स्थल पs भईल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.