ज्ञानवापी मस्जिद के दू मामिला पर आज वाराणसी के दू अलग-अलग कोर्ट में सुनवाई होई। पहला केस भगवान श्री आदि विश्वेश्वर मामिला ह, उहवें दूसरा अखिलेश-ओवैसी पर मुकदमा दर्ज करे के मांग पर बा। श्री आदि विश्वेश्वर केस के सुनवाई सिविल जज सीनियर डिवीजन महेंद्र प्रसाद पांडेय के फास्ट ट्रैक में होई। बता देईं कि एह केस में ज्ञानवापी परिसर हिंदुअन के सौंपले के मांग कइल गइल बा।
उहवें दूसरा केस ज्ञानवापी प्रकरण पर अखिलेश-ओवैसी द्वारा भड़काऊ बयान देहले पर बा, जेमें दूनों पर मुकदमा दर्ज करे के मांग कइल।
Comments are closed.