Udit Raj: राष्ट्रपति प उदित राज के आपत्तिजनक ट्वीट, भाजपा भड़कल, महिला आयोग भेजलस नोटिस

Anurag Ranjan

अधीर रंजन के बाद अब कांग्रेस नेता उदित राज राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू के खिलाफ अपमानजनक टिप्पणी क के विवाद खड़ा क देले बाड़े। ऊ मुर्मू पs कइयन गो आरोप लगवले बाड़े। उदित राज के एह टिप्पणी के बाद भाजपा नेता संबित पात्रा पलटवार कइले बाड़े। ऊ कहले कि उदित राज जवना तरे के शब्दन के प्रयोग कइले ऊ चिंताजनक बा। कांग्रेस के पहिला नेता अइसन नइखन कइले बलुक एकरा पहिलहु कइयन गो नेता कर चुकल बाड़े। ओहिजा राष्ट्रीय महिला आयोग उदित राज के नोटिस भेजके माफी मांगे खातिर कहले बा।

कवना बयान प भइल बवाल?

दरअसल, उदित राज ट्वीट कइले कि राष्ट्रपति कहत बाड़ी कि 70 फीसदी लोग गुजरात के नमक खात बा। खुद नमक खाके जिनगी जियला प पता चली। ही ट्वीट में उदित राज एगो आपत्तिजनक शब्दन के प्रयोग करत लिखले कि अइसन राष्ट्रपति कवनो देश के ना मिले।

हमार बयान द्रौपदी मुर्मू जी खातिर निजी बा ,कांग्रेस पार्टी के नइखे: उदित राज

उदित राज ट्वीट करत लिखले कि हमार बयान द्रौपदी मुर्मू जी खातिर निजी बा, कांग्रेस पार्टी के नइखे। मुर्मू जी के उम्मीदवार बनावल आ वोट मांगल लो आदिवासी के नाम से। राष्ट्रपति बनला से का आदिवासी ना रहली? देश के राष्ट्रपति हई आ आदिवासी के प्रतिनिधियो। रोवल आवत बा जब एससी/एसटी के नाम से पद पs जाला लो आ फेर चुप।

राष्ट्रीय महिला आयोग भेजलस नोटिस

राष्ट्रीय महिला आयोग के अध्यक्ष रेखा शर्मा ट्वीट करत कहली कि देश के सर्वोच्च शक्ति आ अपना कड़ा मेहनत से एह मुकाम तक पहुंचल महिला के खिलाफ ई एक तरे के बेहद आपत्तिजनक बयान बा। आपन अपमानजनक बयान खातिर उदित राज माफी मंगले। उनका के नोटिस भेजल जा रहल बा।

संबित पात्रा कइले पलटवार

भाजपा नेता संबित पात्रा उदित राज प पलटवार करत कहले कि जवना प्रकार के शब्द ऊ राष्ट्रपति जी खातिर प्रयोग कइले बाड़े  ऊ चिंताजनक बा, ई कवनो पहिला बेर कांग्रेस एह प्रकार के शब्दन के प्रयोग राष्ट्रपति जी खातिर नइखे कइले। एकरा पहिले अधीर रंजन चौधरी जी इहे कइले रहस। उहो हमनी के सुनले बानी स।

शहजाद पूनावालो बोलले उदित राज प बोलले हमला

ओहिजा भाजपा प्रवक्ता शहजाद पूनावाला कहले कि खाली ट्वीट कइला से ई व्यक्तिगत बयान ना चली! कांग्रेस के हमनी के बतावे के चाहीं कि ऊ उदित राज पs कार्रवाई करी कि ना उनका आदिवासी विरोधी बयान खातिर। मुर्मू जी प अजय कुमार आ अधीर रंजन के बयान के बाद ई तीसरा आपत्तिजनक टिप्पणी ह! इ संजोग ना ह ! ई ह कांग्रेस के मानसिकता।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।