Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में 24 घंटा से हो रहल बा बरखा, जलभराव बढ़वलस शहरवासियन के मुश्किल

199
बुध दुहर दो बजे ले कुछ मोहल्ला के छोड़ ज्यादातर जगह से पानी निकल गइल। बारिश के वजह से सर्वाधिक परेशानी स्कूली बच्चन अउरी उनके अभिभावकन के उठावे के पड़ल। बारिश के वजह से देवरिया बाईपास रोड के आसपास के मोहल्ला, मेडिकल रोड, दाउदपुर, गीता प्रेस रोड समेत कई इलाका में जलभराव के स्थिति उत्पन्न हो गइल।

गोरखपुर में बारिश।
नगर आयुक्त अविनाश सिंह के निर्देश पर नगर निगम के टीम मौका के निरीक्षण कs के पंपिंग सेट से पानी निकलले के व्यवस्था कइलस। ओंने जीडीए उपाध्यक्ष प्रेम रंजन सिंह के निर्देश पर जीडीए टीम देवरिया बाईपास के आसपास के प्रभावित मोहल्ला के निरीक्षण कइलस। सफाई कर्मियन के तैनात क के नाला के सफाई करावल गइल त वहीं पंपिंग सेट चालू करा के पानी निकाले के बेवस्था भइल।
गोरखपुर में बारिश।

कहां केतना बारिश भइल (मंगर के रात 8.30 बजे से बुध बिहाने 8.30 बजे ले)

गोरखपुर : 18.2 मिलीमीटर
कुशीनगर : 3.5 मिलीमीटर
देवरिया : 103 मिलीमीटर
बस्ती : 30.4 मिलीमीटर
सिद्धार्थनगर : 4.5 मिलीमीटर
संतकबीरनगर : 32.5 मिलीमीटर
330590cookie-checkगोरखपुर में 24 घंटा से हो रहल बा बरखा, जलभराव बढ़वलस शहरवासियन के मुश्किल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.