गोरखपुर से दिल्ली खातिर सफर भइल आसान: गोरखपुर-आनंद विहार खातिर चली वीकली स्पेशल ट्रेन, शेड्यूल जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 4, 2024

त्योहारन में गोरखपुर से दिल्ली आवे जाये वाला यात्रियन खातिर राहत के खबर बा। यात्रियन के बढ़त भीड़ के देखत रेलवे प्रशासन आनन्द विहार टर्मिनस-राधिकापुर-आनन्द विहार टर्मिनस वाया गोरखपुर वीकली स्पेशल ट्रेन चलवले बा। ई

Share

त्योहारन में गोरखपुर से दिल्ली आवे जाये वाला यात्रियन खातिर राहत के खबर बा। यात्रियन के बढ़त भीड़ के देखत रेलवे प्रशासन आनन्द विहार टर्मिनस-राधिकापुर-आनन्द विहार टर्मिनस वाया गोरखपुर वीकली स्पेशल ट्रेन चलवले बा। ई ट्रेन आनन्द विहार टर्मिनस से 6 अक्टूबर से हर अतवार के आ राधिकापुर से 8 अक्टूबर से हर मंगर के चलावल जाई। रेलवे एकर शेड्यूलो जारी कs देले बा।

ई बा ट्रेन के शेड्यूल

14012/14011 आनन्द विहार टर्मिनस-राधिकापुर-आनन्द विहार टर्मिनस वाया गोरखपुर वीकली स्पेशल ट्रेन आनन्द विहार टर्मिनस से 23:45 बजे चलके दूसरका दिन गाजियाबाद से 00:23 बजे, हापुड़ से 01:05 बजे, मुरादाबाद से 03:00 बजे, चन्दौसी से 04:00 बजे, सीतापुर से 08:22 बजे, गोण्डा से 11:30 बजे, मनकापुर से 11:56 बजे, बस्ती से 12:53 बजे, गोरखपुर से 15:00 बजे, कप्तानगंज से 15:55 बजे, नरकटियागंज से 18:25 बजे, बेतिया से 18:56 बजे, सगौली से 19:20 बजे, बापू धाम मोतिहारी से 19:38 बजे, मुजफ्फरपुर से 22:08 बजे, समस्तीपुर से 23:00 बजे, बरौनी से 23:55 बजे, तीसरका दिन बेगूसराय से 00:14 बजे, खगड़िया से 00:55 बजे, मानसी से 01:07 बजे, नौगछिया से 02:00 बजे, कटिहार से 03:40 बजे, सोनैली से 04:08 बजे, सालमारी से 04:29 बजे, बारसोई से 04:50 बजे, रायगंज से 05:30 बजे आ कालियागंज से 06.40 बजे छूटके राधिकापुर से 07:00 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में 14012/14011 आनन्द विहार टर्मिनस-राधिकापुर-आनन्द विहार टर्मिनस वाया गोरखपुर वीकली स्पेशल ट्रेन राधिकापुर से 10:30 बजे चलके कालियागंज से 10:45 बजे, रायगंज से 11:10 बजे, बारसोई से 12:00 बजे, सालमारी से 12:17 बजे, सोनैली से 12:42 बजे, कटिहार से 13:40 बजे, नवगछिया से 14:24 बजे, मानसी से 15:12 बजे, खगड़िया से 15:24 बजे, बेगूसराय से 15:52 बजे, बरौनी से 16:30 बजे, समस्तीपुर से 17:35 बजे, मुजफ्फरपुर से 19:00 बजे, बापू धाम मोतिहारी से 20:47 बजे, सगौली से 21:11 बजे, बेतिया से 21:32 बजे, नरकटियागंज से 22:12 बजे, दूसरका दिन कप्तानगंज से 01:07 बजे, गोरखपुर से 02:55 बजे, बस्ती से 03:55 बजे, मनकापुर से 04:42 बजे, गोंडा से 05:30 बजे, सीतापुर से 08:55 बजे, चन्दौसी से 14:30 बजे, मुरादाबाद से 15:35 बजे, हापुड़ से 17:10 बजे आ गाजियाबाद से 18:17 बजे छूटके आनन्द विहार टर्मिनल 18:50 बजे पहुंची।

अइसन होई कोच बेवस्था

एह वीकली स्पेशल ट्रेन में AC प्रथम टियर के एक, AC द्वितीय टियर के दु, AC तृतीय टियर के छव, शयनयान टियर के आठ, साधारण द्वितीय टियर के तीन, जनरेटर सह लगेज यान के एक आ LSLRD के एक कोच सहित कुल 22 कोच लगावल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.