Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

तालिबान राज में सब आनलाइन शापिंग सेवा भइल बंद, दू ठो बड़ कंपनी ठाढ़ क लेहलस हाथ

440
Google Ads 300*250 for posts

तालिबान राज में अफगानिस्तान के हालात बद से बदतर होत जा रहल बा। तालिबानी अपने नया-नया कानून से पहिलही लोग के जीयल दुस्वार कइले बानें, उहवें अब देश में घहरात आर्थिक संकट अउरी गटई के फसरी बने लागल बा। एकरे चलते अफगानिस्तान में अब लगभग सब आनलाइन शापिंग सेवा बंद हो गइल बा, दू ठो बड़ आनलाइन शॉपिंग सेवा कंपनी भी ने हाल ही में देश में वित्तीय संकट के कारण आपन सेवा बंद करे के घोषणा कइले बा।

प्रसिद्ध आनलाइन शापिंग ऐप भी बंद

तालिबान के अफगानिस्तान पर राज शुरू भइले के लगभग एक साल बाद, देश आर्थिक संकट में आ गइल बा। अफगानिस्तान सरकार के अचानक पतन के चलते देश में आर्थिक संकट अउरी वित्तीय समस्या पैदा हो गइल बा। प्रसिद्ध आनलाइन शापिंग ऐप, क्लिक.एफ छह साल के सफल मार्केटिंग अनुभव के संगे शनिचर साँझ के एके बंद कइले के घोषणा कइलस। एसे बाजार में बिक्री बाउर तरीका से प्रभावित भइल।

Click.af के फेसबुक पेज पर प्रकाशित एगो संदेश में कहल गइल बा कि ऊ अब वित्तीय मुद्दा के चलते संचालन जारी रखले में सक्षम नाइ बा। एप्लिकेशन के आपरेटर एगो फेसबुक नोट में कहलें, ‘अनिश्चित आर्थिक स्थिति, पूंजी के कमी अउरी आर्थिक चक्र के ठप होखला से बाजार में बिक्री बहुते प्रभावित भइल बा अउरी Click.af कौनो अपवाद नाइ बा।’ क्लिक आनलाइन स्टोर के मालिक मसीह स्टेनकजई कहलें कि ऊ अभिन आपन भावना व्यक्त करे खातिर तइयार नाइ बानें।

326720cookie-checkतालिबान राज में सब आनलाइन शापिंग सेवा भइल बंद, दू ठो बड़ कंपनी ठाढ़ क लेहलस हाथ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.