[the_ad_group id="30365"]

Gold Silver Price Today: कमजोर वैश्विक रुख के बीच सोना 420 रुपिया सस्ता भइल, चांदी 869 रुपिया टूटल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कमजोर वैश्विक रुख के बीचे बियफे के दिल्ली सर्राफा बाजार में सोना 420 रुपिया गिरके 54,554 रुपिया प्रति 10 ग्राम पर आ गइल। पिछला कारोबार में ई कीमती धातु 54,974 रुपिया प्रति 10 ग्राम पर बंद भइल। एह दौरान चांदियो 869 रुपिया टूटके 68,254 रुपिया प्रति किलोग्राम पर आ गइल।

अंतरराष्ट्रीय बाजार में सोना लाल निशान पs कारोबार करत 1,788 डॉलर प्रति औंस के भाव पs बा, जबकि चांदी के भाव 23.14 डॉलर प्रति औंस पs चलत रहे। एचडीएफसी सिक्योरिटीज के रिसर्च एनालिस्ट दिली परमार के मोताबिक, “अमेरिकी फेड के तेज रुख के कारण कॉमेक्स गोल्ड के कीमत एशियाई कारोबारी घंटन में कम कारोबार कर रहल बा। फेड चेयरमैन पॉवेल मुद्रास्फीति के लक्षित स्तर पs कम करे खातिर अगिला साल आउर अधिक दरन में बढ़न्त के संकेत देले बाड़ें।”

गोल्ड फ्यूचर के कीमत बढ़ल

एमसीएक्स पs सोना 0.3% बढ़के 54,310 रुपिया प्रति 10 ग्राम हो गइल, जबकि चांदी 0.4% बढ़के 68,072 रुपिया प्रति किलोग्राम हो गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]