[the_ad_group id="30365"]

अडाणी ग्रुप के बड़ ऐलान, एs दिग्गज कंपनी में कुल हिस्सेदारी बेचके बाहर निकले के फैसला

अडाणी ग्रुप के बड़ ऐलान
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अरबपति व्यापारी गौतम अडाणी के नेतृत्व में अडाणी ग्रुप सोमार के दिने एगो बड़हन एलान कइले बा.  समूह के कहल बा कि ऊ लोग अपना संयुक्त उद्यम अडाणी विलमार से बाहर निकले वाला बा.  अदानी ग्रुप अदानी विलमार में आपन पूरा हिस्सेदारी सिंगापुर के कंपनी विल्मर इंटरनेशनल आ खुला बाजार में दू अरब डॉलर से अधिका में बेच रहल बा.  विल्मर इंटरप्राइजेज लिमिटेड एगो बयान जारी कs कहलस कि ऊ विल्मर इंटरनेशनल के 31.06 फीसदी हिस्सेदारी बेची.  जबकि बाकी 13 प्रतिशत हिस्सेदारी खुला बाजार में बेचल जाई ताकि न्यूनतम सार्वजनिक शेयरधारक के जरूरत के पूरा कईल जा सके।

इ सौदा 31 मार्च 2025 से पहिले पूरा हो जाई

हालांकि कंपनी एह हिस्सेदारी के कवना दाम पर बेचत बिया एकर खुलासा ना कइलसि.  लेकिन एगो अनुमान के मुताबिक ए सौदा के कीमत 2 अरब डॉलर से जादे के अनुमान बा।  बयान के मुताबिक, “एह सौदा के संगे अडाणी इंटरप्राइजेज अडाणी विल्मर से पूरा तरीका से बाहर निकल जाई, उम्मेद बा कि इs सौदा 31 मार्च 2025 से पहिले पूरा हो जाई।” 

कंपनी फॉर्च्यून के नाम पs बहुत खाद्य पदार्थ बेचेले

आईं बता दीं कि अडाणी विल्मर देश के एगो प्रमुख एफएमसीजी कंपनी हs जवन मुख्य रूप से खाद्य तेल अवुरी बाकी खाद्य पदार्थ पs ध्यान देवेले। इs कंपनी फॉर्च्यून के नाम से सोयाबीन तेल, सरसों के तेल, सूरजमुखी के तेल, मूंगफली के तेल, बासमती चावल, आटा, बेसन, सत्तू, सोया चंक्स, दाल, मैदा, रवा, सूजी, चीनी अवुरी पोहा के बेचेले।

एह संयुक्त उद्यम में रोजमर्रा के तरह तरह के सामान अउरी कई गो नाम से भी बेचल जाला.एकरा अलावे अडाणी विल्मर किंग्स आधार, राग, बुलेट, अवसर, अल्फा नाम से खाद्य तेल बेचेला।  एकरा अलावे इs संयुक्त उद्यम अलाइफ नाम से साबुन अवुरी हैंडवॉश अवुरी ओजेल नाम से फ्लोर क्लीनर भी बेचेला।  बता दीं कि कंपनी के वर्तमान मार्केट कैप 42,824.41 करोड़ रुपया (करीब 5 अरब डॉलर) बा। 

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]