Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Blood Sugar level: उमिर के हिसाब से कहीं जादे तs नइखे राउर ब्लड शुगर लेवल? जानी चार्ट से सही रक्त शर्करा के स्तर

Normal Blood Sugar Level: जे तरे उमिर के संगे बीपी के स्‍तर बढ़ेला आ ओकरा के नार्मल मानल जाला ओहि तरे शुगरो के लेवल बढ़ेला।

6,162

बढ़त उमिर के साथे बेमारियन के खतरो बढ़ जाला। चालीस के उमिर पार कइला के बाद रोग प्रतिरोधक क्षमता कम होखे लागेला आ बेमार होखे के चांस बेसी होला। मधुमेह के रोगियन पs उमिर बढ़े के अधिका प्रभाव पड़ेला। शुगर के मरीजन के रोग प्रतिरोधक क्षमता बहुते कम होला आ बढ़त उमिर के असर ओह लोग के सेहतो पs नजर आवे ला।

शुगर के कंट्रोल करे खातिर डायबिटीज के मरीज देह के एक्टिव रखेला लो, लाइफस्टाइल में बदलाव करेला लो, तनाव से दूर रहेला लो आ डाइट पs कंट्रोल करेल लो। डायबिटीज के मरीजन खातिर रोज शुगर के जांच कइल बहुते जरूरी बा। मधुमेह के खतरा उमिर के साथे बढ़त जाला। खून में शुगर के स्तर बढ़ला से एकर असर हृदय, किडनी, फेफड़ा आ आंखिन पs देखे के मिलेला।

ब्लड शुगर चेक करे के सही समय का हs?

जदि रउआ अपना शुगर लेवल के बारे में सटीक जानकारी चाहत बानी, तs रउआ एकरा सबेरही माप लेवे के चाहीं। सबेरे खाली पेट, फास्टिंग के बेरा रीडिंग लेवल सबसे निम्मन होला। डिनर आ मॉर्निंग चेकअप के बीच लमसम 8 घंटा के गैप होखे के चाही। आई जानल जाव कि उमिर के हिसाब से केतना होखे के चाही ब्लड शुगर के स्तर-

उमिर के हिसाब से एतना होखे के चाहीं ब्लड शुगर के स्तर

  • 6-12 वर्ष के आयु में फास्टिंग के दौरान रक्त शर्करा 80 से 180 mg/dl होखे के चाही, जबकि दुपहरिया के भोजन के बाद एकर सीमा 140 mg/dl तक होखे के चाही। ओहिजा, अगर ई रात के खइला के बाद 100 से 180 mg/dl तक रहत बा, तs ई सामान्य सीमा बा।
  • 13-19 साल के उमिर में फास्टिंग शुगर लेवल 70 से 150 mg/dl आ लंच के बाद 140 mg/dl आ डिनर के बाद 90 से 150 mg/dl होखे के चाही।
  • 20-26 वर्ष के आयु वर्ग में फास्टिंग रेंज 100 से 180 mg/dl, दुपहरिया के भोजन के बाद 180 mg/dl होखे के चाही । रात के खइला के बाद ई सीमा 100 से 140 mg/dl तक सामान्य मानल जाला।
  • 27 से 32 साल के उमिर में फास्टिंग रेंज 100 mg/dl, लंच के बाद 90-110 mg/dl आ डिनर के बाद 100 से 140 mg/dl हs।
  • 33 से 40 वर्ष की आयु में फास्टिंग रेंज 140 mg/dl, दुपहरिया के भोजन के बाद 160 mg/dl आ रात के खाना के बाद 90 से 150 mg/dl हs।
  • 50-60 आउर ओकरा से बेसी उमिर में फास्टिंग रेंज 90 से 130 mg/dl आ दुपहरिया के भोजन के बाद 140 mg/dl से कम होखे के चाहीं।जबकि रात के खाना के बाद 150 mg/dl तक के सामान्य सीमा होला।

साभार: जनसत्ता

326300cookie-checkBlood Sugar level: उमिर के हिसाब से कहीं जादे तs नइखे राउर ब्लड शुगर लेवल? जानी चार्ट से सही रक्त शर्करा के स्तर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.