[the_ad_group id="30365"]

नाश्ता में खाइ फरउही दूध,ना बनावे मे मेहनत, खाए में मिली भरपूर सवाद!

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Healthy breakfast :- हमनी के लगे नाश्ता क खातिर समय नइखे बचत। अधिकतर अइसन  होला कि रउवा  भोरे उठेनी आ रउवा लागेला कि एतना समय नइखे कि नाश्ता बनावल जाव ,तs बिन खइले रउवा निकल जानी। जबकि देखल जाव तऽ इ तरीका सही नइखे। नाश्ता में जदि रउवा कुछ बातन के ख्याल रखे के पड़ी आ तनी सा तैयारी से रही तऽ रउवा भोरे बिना नाश्ता कइले ना जाए के पड़ी।

तऽ रउवा ज्यादा परेशान होखला के जरूरत नइखे बस रउवा फरउही के अइसे तइयार कऽ के रखि कि रउवा ओकरा  दूध के संगे हेल्दी नाश्ता बना के खा सकी।

नाश्ता में खाई फरउही दूध

नाश्ता में फरउही दूध खाए खातिर पहिले दूध के अउट के रख लिहि आ फेर एहमें फरउही मिला ली। एकरा बाद रउवा के करे के इ बा कि रउवा एहमें कुछ नट्स आ ड्राई फ्रूट्स मिला ली आ तनी सा मीठा डाल के खाई।जदि रउवा मीठ नइखी खाए के चाहत तऽ तब रउवा एह के खा सकत बानीं। इ पेट ला समूचा तरह से स्वस्थ बा आ फाइबर से भरपूर बा।

एकरा अलावो नाश्ता में रउवा फरउही दूध के अलगा तरीका से भी खा सकत बानी।

जइसे कि फरउही के तनी सा घिउ में भूज लिहि आ फेर एहमें दूध मिलाके एगो पैन पs चढ़ा दिही। फरउही के अच्छा से पाके दिही आ फेर एहमें बाकी ड्राई फ्रूट्स आ मीठा मिला ली।  अब एगो कटोरी में एकरा के रख ली  आ आराम से बइठऽ के एकरा के खाइ। एह तरे से इ फरउही दूध रउवा ला हेल्दी रही। इ पाचन किरिया के तेज करेला सा फिर राउर मेटाबोलिक रेट के भी बढ़ावेला। इ एनर्जी देवेला जेकरे वजह से रउवा के दिनभर भूख ना लागी बाकी रउर देह में एनर्जी एतना रही की रउवा दिनभर आराम से आन काम कर पाएम। तऽ, जदि रउवा नाश्ता में फरउही दूध नइखी खइले तऽ रउवा एकरा के जरूर से ट्राई से करे के चाही।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]