नया महीना के पहिला तारीख यानी एक सितंबर से बैंक, बीमा अउर टोल सहित पांच नियम बदल रहल बा। एकर असर रउआ जेब पर पड़ी। बीमा प्रीमियम में राहत मिली, जेब पर टोल के बोझ बढ़ी।
पीएनबी : केवाईसी नाइ रही त खाताधारक के होई परेशानी
पंजाब नेशनल बैंक (पीएनबी) अपने ग्राहकन को 31 अगस्त ले हर हाल में केवाईसी करा लेवे के कहले बा। अइसन नाइ कइला पs एक सितंबर से खाताधारकन के दिक्कत होई। पीएनबी महीना भर से ग्राहकन के मैसेज क के आगाह कर रहल बा।
टोल टैक्स : अब ढ़ेर ढील करे के होई जेब
यमुना एक्सप्रेस वे पर एक सितंबर से टोल टैक्स बढ़ जाई। एकरे तहत छोटे वाहन के प्रति किलोमीटर 10 पइसा ढ़ेर टोल चुकावे के होई। बड़ वाणिज्यिक वाहन के प्रति किलोमीटर 52 पइसा ज्यादा टोल के भुगतान करे के होई।
संपत्ति : सर्किल रेट बढ़ला से खरीदल महंग
अब रउआ के संपत्ति खरीदला खातिर ज्यादा पइसा खर्च करे के होई। सरकार गाजियाबाद के सर्किल रेट बढ़वले के निर्णय लिहलें बा। सर्किल रेट में 2 से 4 फीसदी तक बढ़ोतरी कइल गइल बा। बढ़ल सर्किल रेट एक सितंबर, 2022 से लागू हो जाई।
बीमा : एजेंटन के कम कमीशन से घटी प्रीमियम
बीमा नियामक इरडा जनरल इंश्योरेंस नियम में बदलाव कइलें बा। एकरे चलते बीमा एजेंट के 30 से 35 फीसदी के जगही पs अब सिर्फ 20 फीसदी ही कमीशन मिली। एसे लोग के प्रीमियम में कमी आई अउर उनके राहत मिली।
कर्ज महंग : एमसीएलआर में 0.05 फीसदी बढ़ोतरी
पीएनबी कोष के सीमांत लागत आधारित ऋण दर (एमसीएलआर) में 0.05% के वृद्धि कइले बा। सब अवधि वाले कर्ज पर लागू होखे वाली ई वृद्धि एक सितंबर से प्रभावी होई। बैंक बतवलस, एक साल के अवधि खातिर एमीसीएलआर अब 7.70 फीसदी होई, जौन पहिले 7.65 फीसदी रहल।