[the_ad_group id="30365"]

पवन सिंह आ ज्योति के घर टूटे से बचलऽ, पावर स्टार के पत्नी फैंस के संगे खुशखबरी बतवली।

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह अपना वैवाहिक जिनिगी के लेके बहुत दिन से खबर में आवतऽ बाड़े।  अभिनेता के पत्नी ज्योति सिंह पछिला साल उनका पs घरेलू हिंसा के आरोप लगवले रहली।  दुनु जने तलाक लेवे के चाहत रहले आ मामिला अरा कोर्ट में चलतऽ रहे । एह खूबसूरत जोड़ी के बीच के दरार से प्रशंसक काफी निराश रहले।  बाकी, अब उनका खातीर एगो बढ़िया खबर बा।  पवन सिंह अउरी ज्योति के घर के तोड़े से बचा लिहल गईल बा।  दुनु जने के तलाक अब नइखे होखत ।  ज्योति सिंह के सोशल मीडिया पोस्ट के बाद खबर आ रहल बा कि पवन सिंह आ ज्योति के संबंध अब ठीक हो गईल बा।

 ज्योति सिंह एगो इंस्टाग्राम पोस्ट शेयर क के भोजपुरी पतरकार बबिता मिश्रा के आभार जतवले बाड़ी।  उ ए पोस्ट के इंस्टा स्टोरी पs शेयर करतऽ लिखली कि, ‘धन्यवाद बबिता दीदी राउर सभ प्रयास खातीर’।  ज्योति के एह कहानी के स्क्रीनशॉट के संगे बबिता एगो वीडियो बनवले बाड़ी।  एकरा संगे कैप्शन में लिखल बा कि ‘लव यू लोट माई डियर सिस्टर’।  भगवान रउरा के हमेशा ओह बुरा नजर से बचावस जवन रउरा के अपमानित करत रहे।

 बबीता मिश्रा के एह पोस्ट के बाद खबर फइललऽ बा कि पवन सिंह आ ज्योति के रिश्ता टूटे से बचावलऽ गइलऽ बा ।  दुनु जने के तलाक अब नइखे होखतऽ । जइसहीं ई खबर सामने आवत बा प्रशंसकन में खुशी के लहर बा ।  यूजर लोग एह पोस्ट पs कमेंट कर रहल बा आ एह खूबसूरत जोड़ी के सुरक्षा खातिर प्रार्थना कर रहल बा।

 

 बबिता के ए पोस्ट प कमेंट करतऽ ज्योति सिंह लिखले बाड़ी कि, ‘हमरा के हमेशा सपोर्ट करे खातीर हम तोहरा से बहुत प्यार करतानी।’  सोशल मीडिया पs यूजरो बबिता मिश्रा के धन्यवाद देतऽ उकत नईखन।  एगो यूजर लिखले बाड़न कि ‘रउरा बहुते सराहनीय काम कइले बानी ।  राऊर खूब-खूब धन्यवाद’.  एगो अउरी यूजर लिखले बा कि ‘तू दुनो के मिला देले बाड़ू, बहुत पुन्य काम कईले बाड़ू’।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]