- बिहार: बिहार में 15 कुत्तन के गोली मारल गइल; कुत्तन के काटे से एक के मौत के बाद एक्शन, महिला लोग डर के मारे घर से ना निकलत रहे लोग। बेगूसराय में पटना से भेजल गइल रहे शूटर्स के टीम।
- बिहार: पटना में BSSC कैंडिडेट्स पs पुलिस के लाठीचार्ज; तीनों शिफ्ट के परीक्षा रद्द करे के मांग; 9 लाख कैंडिडेट्स परीक्षा में बइठल रहे लोग।
- उत्तर प्रदेश: यूपी निकाय चुनाव; योगी सरकार के राहत, ओबीसी आरक्षण के मुद्दा पs सुप्रीम कोर्ट इलाहाबाद हाईकोर्ट के आदेश पs रोक लगवलस।
- उत्तर प्रदेश: चुनाव आचार संहिता उल्लंघन ममिला में पूर्व सांसद जयाप्रदा के अदालत में आत्मसमर्पण, मिलल जमानत। जारी भइल रहे गैर जमानती वारंट।
- झारखंड: ठंडा के कारण झारखंड में कक्षा 1 से 5 तक के स्कूल बंद। 10 डिग्री सेल्सियस तक रहल तापमान।
- दिल्ली हादसा; डॉक्टर बोलल लो- नशा में ना रहली अंजली: सहेली के दावा खारिज, कहल लोग- ऑटोप्सी रिपोर्ट में खाली खाना मिलल।
- जम्मू कश्मीर में CRPF के 18 अतिरिक्त कंपनियन के भेजल जाई: टारगेट किलिंग के बढ़त ममिलन के बीच केंद्र के फैसला, राजौरी-पूंछ में तैनाती होई।
- हल्दानी में रेलवे के जमीन पs बसल 5 हजार परिवार: उतराखंड हाईकोर्ट के कब्जा हटावे के आदेस के खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में याचिका, बिहान सुनवाई।
- एक बेर फेर मृत सैनिकन के संख्या छुपा रहल बा रूस: यूक्रेन बोलल- 1 जनवरी के 400 सैनिक मरले, रूसी सेना कहलस -89 सैनिक के मौत, डिप्टी कमांडर के मौत।
- ऋषभ पंत के एयरलिफ्ट कs के मुंबई ले आवल गइल: कोकिलाबेन अस्पताल में कइल जाई घुटना के ऑपरेशन। 30 दिसंबर के भइल रहे ऋषभ पंत के एक्सिडेंट।
साँझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jan 4, 2023
बिहार: बिहार में 15 कुत्तन के गोली मारल गइल; कुत्तन के काटे से एक के मौत के बाद एक्शन, महिला लोग डर के मारे घर से ना निकलत रहे लोग। बेगूसराय में पटना से भेजल
Share
Tags:
big breaking, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, breaking news, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, top news, up news, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






