Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कौड़ीराम अउरी पीपीगंज रूट के बस के किराया तय, जानीं केतना खर्च करे के पड़ी रुपया

202
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर जिला में कौड़ीराम अउर पीपीगंज रूट पs इलेक्ट्रिक बस के संचालन शुरू होखला के बाद किराया अउर स्टॉपेज तय कs देहल गइल बा। एमें नौसड़ से कौड़ीराम खातिर यात्रियन के 37 रुपया अउरी पीपीगंज से महुआतर खातिर 21 रुपया खर्च करे के पड़ी।

महानगर में संचालित हो रहल इलेक्ट्रिक बस दायरा ग्रामीण क्षेत्र ले बढ़ गइल बा। सहजनवां अउर गीडा के बाद पिछला सप्ताह सोमार के पिपराइच से काली मंदिर अउरी पीपीगंज से महुआतर अउर मंगलवार के नौसड़ से कौड़ीराम ले इलेक्ट्रिक बस के शुरुआत भइल रहे। पिपराइच से काली मंदिर के छोड़ के बाकी दूनों रूट पर बस के किराया अउरी स्टॉपेज तय नाइ कइल गइल रहे।

इलेक्ट्रिक बस डिपो मैनेजर केके मिश्रा कहलें कि नौसड़ से कौड़ीराम अउर पीपीगंज से महुआतर रूट पर संचालित हो रहल इलेक्ट्रिक बस के किराया अउरी स्टॉपेज सर्वे के बाद तय कर दिहल गइल बा।

नौसड़-कौड़ीराम रूट

एकला- 5 रुपये
बाघागाड़ा 5 रुपये
चनउ-11 रुपये
माहोब- 11 रुपये
उंचगांव-16
सेंवई बाजार-16
महावीर छपरा-16 रुपये
मेहरौली-21 रुपये
दनवापार-21
बेलीपार-26
करिहार-26
कौड़ीराम-37

महुआतर-पीपीगंज रूट पर स्टॉपेज अउरी किराया

मानीराम- 5 रुपये
चिउटहां- 11 रुपये
जंगल कौड़िया- 16
चकिया चौराहा- 16
पैसेफिक हॉस्पिटल 16
गोलीगंज-21
पीपीगंज-21

315290cookie-checkकौड़ीराम अउरी पीपीगंज रूट के बस के किराया तय, जानीं केतना खर्च करे के पड़ी रुपया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.