[the_ad_group id="30365"]

छपरा के रेल यात्रियन के बड़ सहूलियत: गोरखपुर एक्सप्रेस के भटनी में प्रायोगिक ठहराव, जानीं एकर टाइम टेबल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के रेल यात्रियन खातिर निमन खबर बा। गोरखपुर एक्सप्रेस के भटनी स्टेशन पs प्रायोगिक ठहराव कइल गइल बा। यात्रियन के सुविधा खातिर रेल प्रशासन द्वारा गाड़ी सं० 19490/19489 गोरखपुर-अहमदाबाद एक्सप्रेस के गोरखपुर-छपरा रेलखंड पs पड़े वाला भटनी रेलवे स्टेशन पs दु मिनट के प्रयोगिक ठहराव प्रदान कइल जा रहल बा।

एह ट्रेन के ठहराव से देवरिया छपरा रेलखंड के यात्रियन के वाराणसी, प्रयागराज, सतना, कटनी, उज्जैन आ अहमदाबाद तक सीधा यात्रा के लाभ मिली। गोरखपुर- अहमदाबाद एक्सप्रेस पूर्वोत्तर रेलवे से चले वाला प्रमुख ट्रेनन में से एगो हs। छपरा आ आसपास के यात्रियन के रूट पs यात्रा खातिर ट्रेन सहूलियत प्रदान करेल। भटनी में ठहराव से यात्रियन के यात्रा के लेके विशेष सहूलियत मिली।

 

यात्री जनता के सुविधा खातिर भटनी जंक्शन पs अहमदाबाद एक्सप्रेस के ठहराव प्रदान कइल गइल बा जवना में गाड़ी सं० 19489 अहमदाबाद-गोरखपुर एक्सप्रेस गाड़ी 15:52 बजे पहुंचकर दु मिनट के ठहराव लेके 15:54 बजे गोरखपुर खातिर प्रस्थान करी।

ओहिजा गाड़ी संख्या 19490 गोरखपुर-अहमदाबाद एक्सप्रेस भटनी स्टेशन पs रात 22:54 मिनट पs पहुंचके दु मिनट के ठहराव लेके 22: 56 बजे अहमदाबाद खातिर प्रस्थान करी। ई जानकरी पूर्वोत्तर रेलवे के जन सम्पर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी कs के देले बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]