Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बायकॉट पs इंडस्ट्री के लोग पर फूटल मंदाकिनी के गुस्सा, बोललीं- सब प्लानिंग के तहत हो रहल बा

2,333
Google Ads 300*250 for posts

बायकॉट…पिछले कुछ दिन से सोशल मीडिया पर ई शब्द नगदे वायरल हो रहल बा। अक्षय कुमार के फिल्म सम्राट पृथ्वीराज से शुरू भइल बायकॉट ट्रेंड अब ब्रह्मास्त्र ले जा पहुंचल बा। इंडस्ट्री में चल रहल कैंसिल कल्चर न केवल स्टार्स के छवि के नुकसान पहुंचवलें बा, बलुक उनकर फिल्मन के कलेक्शन के भी प्रभावित कइलें बा। इंडस्ट्री के अइसन हालत देख के 25 साल बाद पर्दा पर वापसी करे वाली अभिनेत्री मंदाकिनी बोललीं, बायकॉट अउरी कैंसिल कल्चर स्टार लोग के खीस के नतीजा ह।

मीडिया हाउस से बातचीत के दौरान दाऊद इब्राहिम के पुरान गर्लफ्रेंड मंदाकिनी कहली कि ई सब चीज देख के बहुत दुख होला। हमनीके जमाना में अइसन कल्चर नाइ रहल। तब निर्देशकन के गुरू के नजर से देखल जात रहल। हम सब अभिनेता उनकर इज्जत करत रहनी जा, उनकर सम्मान करत रहनी जा। अब इंडस्ट्री में ऊ अपनापन नाइ रहल। शायद इहे वजह बा कि आजु इंडस्ट्री के लोग एक-दूसरा पर आरोप लगावे में आगे रहेने लोग।

312340cookie-checkबायकॉट पs इंडस्ट्री के लोग पर फूटल मंदाकिनी के गुस्सा, बोललीं- सब प्लानिंग के तहत हो रहल बा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.