[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ में फिल्मावल गइल ‘संतोष’ फिल्म ऑस्कर के दउड़ में शामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजधानी लखनऊ में शूट भइल फिलिम संतोष अब 77वां कान फिल्म फेस्टिवल में प्रदर्शित भइला के बाद ऑस्कर के दउड़ में शामिल हो गइल बिया। हालांकि एह हिंदी फिल्म के आधिकारिक तौर पs भारत ना बलुक ब्रिटेन के ओर से प्रवेश खातिर चुनल गइल बा। भारत किरण राव के निर्देशित फिलिम लपाटा लेडीज के ऑस्कर खातिर आपन एंट्री चुनले बा।

लापता लेडीज आ संतोष, दुनु फिलिम बेस्ट इंटरनेशनल फीचर फिल्म के श्रेणी में प्रतिस्पर्धा कर रहल बाड़ी सन। फिल्म संतोष के कान्स फिल्म फेस्टिवल में अन सर्टेन रिगार्ड अवार्ड श्रेणी में चुनल गइल। एह फिलिम के निर्देशक संध्या सूरी ब्रिटिश-भारतीय फिल्म निर्माता हई।

भारत में रिलीज ना भइल

उऽ एह फिलिम के शूटिंग एहिजा कइले बाड़ी। कहानी के चयनो एहिजा से भइल रहे आ अधिकतर कलाकारन के कास्ट एहिजा से भइल रहे बाकिर भारत में एकर प्रदर्शन ना भइल। एहसे ब्रिटिश एकेडमी ऑफ फिल्म एंड टेलीविजन आर्ट्स (बाफ्टा) एह फिलिम के ऑस्कर खातिर नामांकित कइले बिया।

स्थानीय कास्टिंग डायरेक्टर मो. सैफ बतवले कि संतोष के शूटिंग पछिला साल अगस्त-सितम्बर में लखनऊ में 55 दिन तक भइल रहे। लखनऊ के आसपास के गांव आ झुग्गी-झोपड़ी में रहेवाला लोग संध्या सूरी के निर्देशन में फिल्मावल गइल ‘संतोष’ में अभिनय कइले बाड़े।

फिल्म संतोष के कहानी उत्तर भारत के एगो गाँव के हऽ। उहाँ एगो औरत (शहाना गोस्वामी) के बियाह के कुछ देर बाद पति के मौत हो जाला। पति के तैनाती पुलिस विभाग में रहे, एहसे पत्नी के अनुकंपा के आधार पs सिपाही पद प नियुक्ति मिल जाला। जांच खातिर एगो केस मिल जाला, जवना में नाबालिग लइकी के हत्या के रहस्य सुलझावे के पड़ेला। एह जाँच में उनका कवन-कवन दिक्कत के सामना करे के पड़ेला, कवन-कवन चुनौती के सामना करे के बा, ई फिल्म में गंभीरता से देखावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]