Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Varun Dhawan जल्दिए बनिहे पापा, वाइफ Natasha Dalal फ्लॉन्ट कइली बेबी बंप, तस्वीर शेयर कर लिखले- ‘हमनीऽ प्रेग्नेंट बानी सऽ…’

533

Varun Dhawan shares Good News: एक्टर वरुण धवन तीन साल पहिले गर्लफ्रेंड नताशा दलाल से बियाह कइले रहलन। अब नताशा के प्रेग्नेंसी के खबर देके वरुण फैंस के सरप्राइज कर देलsन

 

Varun Dhawan-Natasha Dalal Pregnant: बॉलीवुड के पॉपुलर एक्टर वरुण धवन पिता बने वाला बाड़न । उs इs खबर 18 फरवरी माने आज करीब ६ बजे इंस्टाग्राम पs आपन वाइफ नताशा दलाल के संगे एगो फोटो शेयर कइले, जवना मे उऽ आपन बेबी बंप फ्लॉन्ट करतs नजर आ रहलऽ बाड़ी । वरुण के इs तस्वीर पs फैंस समेत उनके को-स्टार्स आ बॉलीवुड के दोसरे तमाम सितारा उनका के बधाई दे रहलऽ बाड़े ।

वरुण धवन आ नताशा दलाल साल 2021 में शादी कइले रहे लोग। हालांकि उऽ लोग एक-दूसरा के सालों से जानत रहे लोग। अब फाइनली दुनो जन माता-पिता बने जा रहल बा लोग आ जाहिर बा एह बात से कपल बहुते खुश बाड़े।

 

 

वरुण धवन आ नताशा दलाल बने जा रहल बाड़े पैरेंट्स

वरुण धवन एगो खबूसूरत।तस्वीर शेयर कइले ज

जेमें उऽ नताशा दलाल के बेबी बंप के चूमते नजर आ रहलऽ बाड़े । इ तस्वीर बहुते सुघर लागता आ एकर कैप्शन में लिखलऽ बा , ‘ हमनी प्रेगनेंट बानी सs राउर प्यार आ आशीर्वाद के जरूरत बा।’ एकरे संगही वरुण हैशटैग हमार परिवार हमार ताकत भी लिखले।

 

सेलेब्स देले कपल के बधाई

वरुण धवन के एह तस्वीर पs जाह्नवी कपूर आ सानिया मिर्जा बधाई देली। उहवें अर्जुन कपूर लिखले कि डैडी-मम्मी नंबर 1. इनके अलावा सोनम कपूर, भूमि पेडनेकर, अरमान मलिक, मलाइका अरोड़ा, अनिल कपूर समेत कय गो सितारा बधाई देत हार्ट इमोजी बनवले । फिल्मी सितारनऽ के अलावा फैंसो वरुण आ नताशा के बधाई दे रहलऽ बाड़े ।

 

वरुण धवन के वर्कफ्रंट

बता दी कि वरुण धवन के लगे ‘भेड़िया 2’ आ ‘बेबी जॉन’ जइसन फिल्म पाइपलाइन में बिया, उहवें फिल्म ‘स्त्री 2’ मे उनकर कैमियो होइ । उहवें नताशा दलाल के बात करी तऽ उऽ फिल्मी दुनिया से दूर रहेली आ लाइमलाइट के हिस्सो भी बने ले ना चाहे ली ।

743790cookie-checkVarun Dhawan जल्दिए बनिहे पापा, वाइफ Natasha Dalal फ्लॉन्ट कइली बेबी बंप, तस्वीर शेयर कर लिखले- ‘हमनीऽ प्रेग्नेंट बानी सऽ…’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.