Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अमिताभ बच्चन भइलें कोविड पॉजिटिव : वैक्सीनेटेड होखले के बावजूद दूसरा बेर भइल कोरोना

बोलले- 'आस-पास रहल लोग आपन टेस्ट करवा लें'

226

बॉलीवुड के महानायक अमिताभ बच्चन फेर एक बेर कोविड पॉजिटिव हो गइल बानें। एह बात के जानकारी खुद बिग बी ट्विटर के जरिए देहलें। संगही उ करीब रहल लोग से टेस्ट करववलें के अपील भी कइलें। अमिताभ 79 साल के बानें अउरी दुसरका बेर संक्रमण के चपेट में आइल बानें।

अमिताभ बच्चन देर रात ट्वीट करत लिखलें, ‘हम अभिन कोविड पॉजिटिव हो गइल बानीं। ऊ लोग जे हमरे संगे चाहे आस-पास रहल बानें, ऊ कृप्या आपन टेस्ट करवा लेंवें’। बिग बी के ट्वीट सोझे अइतही फैंस उनके जल्दी ठीक होखले के दुआ करत कमेंट कs रहल बानें।

 

312020cookie-checkअमिताभ बच्चन भइलें कोविड पॉजिटिव : वैक्सीनेटेड होखले के बावजूद दूसरा बेर भइल कोरोना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.