Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महायोगी गोरखनाथ विश्वविद्यालय के पहिला स्थापना दिवस पर अइहें सीएम योगी, जानीं पूरा कार्यक्रम

963

महायोगी गोरखनाथ विश्वविद्यालय, आरोग्यधाम बालापार के प्रथम स्थापना दिवस (28 अगस्त) के मौका पर 22 अगस्त से सात दिवसीय व्याख्यानमाला के आयोजन कइल जाई। युगपुरुष ब्रह्मलीन महंत दिग्विजयनाथ अउरी राष्ट्रसंत ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के स्मृति में आयोजित एह व्याख्यानमाला के उद्घाटन महात्मा गांधी अंतरराष्ट्रीय हिंदी विश्वविद्यालय वर्धा (महाराष्ट्र) के कुलपति प्रो. रजनीश शुक्ल करिहें।

जबकि, 28 अगस्त के साप्ताहिक कार्यक्रम के समापन समारोह में विश्वविद्यालय के कुलाधिपति अउरी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मौजूद रहिहें। ई जानकारी महायोगी गोरखनाथ विश्वविद्यालय के कुलसचिव डॉ. प्रदीप कुमार राव देहलें। बतवलें कि व्याख्यानमाला के उद्घाटन समारोह 22 अगस्त के तीन बजे से होई। महाराणा प्रताप शिक्षा परिषद के अध्यक्ष प्रो. उदय प्रताप सिंह अउरी विश्वविद्यालय के कुलपति मेजर जनरल डॉ. अतुल वाजपेयी कार्यक्रम के अध्यक्षता करिहें।

28 अगस्त के सुबह 11 बजे से आयोजित विश्वविद्यालय के कार्यक्रम में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मौजूद रहिहें। बतवलें कि एह विश्वविद्यालय के स्थापना युगपुरुष ब्रह्मलीन महंत दिग्विजयनाथ अउरी राष्ट्रसंत ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के लोक कल्याण अउरी राष्ट्रीयता के आदर्श के अनुसरण क के स्वरूप क के कइल गइल बा बतवलें कि व्याख्यानमाला के तहत 23 अगस्त के ‘भारतीय सेना का अग्निपथ’ विषय पर सेवानिवृत्त मेजर जनरल अजय कुमार चतुर्वेदी अउरी विश्वविद्यालय के कुलपति मेजर जनरल डॉ. अतुल वाजपेयी विचार व्यक्त करिहें।

24 अगस्त के ‘आजाद भारत में आयुर्वेद : 2014 के पूर्व’ विषय पर केंद्रीय आयुष मंत्रालय के सचिव अउरी पद्मश्री वैद्य डॉ. राजेश कोटेजा का अउरी केजीएमयू लखनऊ के पूर्व कुलपति प्रो एमएल बी भट्ट के व्याख्यान होई। 25 अगस्त के ‘स्वतंत्रता संग्राम में सन्यासी’ विषय पर गोरखपुर विश्वविद्यालय के इतिहास विभाग के पूर्व अध्यक्ष प्रो. हिमांशु चतुर्वेदी अउर विश्वविद्यालय के कुलसचिव डॉ. प्रदीप कुमार राव विचार रखिहें। 26 अगस्त के व्याख्यान ई विषय ‘भारतीय सेना में नारी’ रही। 27 अगस्त के ‘योग एवं आयुर्वेद की प्रगति में गोरक्षपीठ का योगदान’ विषय पर महाराणा प्रताप शिक्षा परिषद के अध्यक्ष प्रो. उदय प्रताप सिंह अउरी आयुर्वेदाचार्य डॉ. दिनेश सिंह के व्याख्यान होई।

एक साल में ही विश्वविद्यालय के खाता में कई उपलब्धि

एक्के साल में महायोगी गोरखनाथ विश्वविद्यालय के खाता में कई महत्वपूर्ण उपलब्धि जुड़ चुकल बा। विश्वविद्यालय में बीएएमएस प्रथम बैच के सफलतापूर्वक संचालन हो रहल बा। विश्वविद्यालय चिकित्सा के क्षेत्र में शोध-अनुसंधान, आयुर्वेद, रोजगार, ग्राम्य विकास, उद्यमिता आदि को लेकर एम्स, केजीएमयू, आरएमआरसी, बीआरडी मेडिकल कॉलेज, वैद्यनाथ आयुर्वेद, महायोगी गुरु गोरखनाथ आयुष विश्वविद्यालय, भारतीय उद्यमिता विकास संस्थान, इंडो यूरोपियन चेंबर ऑफ स्माल एंड मीडियम इंटरप्राइजेज के संगे एमओयू के आदान-प्रदान कइल गइल बा।

310380cookie-checkमहायोगी गोरखनाथ विश्वविद्यालय के पहिला स्थापना दिवस पर अइहें सीएम योगी, जानीं पूरा कार्यक्रम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.